बिबकोड

विकिपीडिया से
बिबकोड
पूरा नाँवबिब्लियोग्राफिक कोड
सुरू भइल1990 के दशक
अंक संख्या19
जाँच अंककवनो ना
उदाहरण1924MNRAS..84..308E

बिब्लियोग्राफिक कोड (अंग्रेजी: Bibliographic code) बिबकोड (bibcode) जेकरा के रेफकोड (refcode) भी कहल जाला, एगो कॉम्पैक्ट पहिचानक भा आइडेंटिफायर हवे जे कई गो खगोलिकी संबंधी डेटा सिस्टम में संदर्भ सामग्री के यूनीक तरीका से पहिचाने खाती इस्तेमाल होखे ला। शब्द बिबकोड, बिब्लियॉथिक कोड के छोट रूप (शॉर्टफ़ार्म) हवे।

अंगीकार भइल[संपादन करीं]

The Bibliographic Reference Code (refcode) was originally developed to be used in SIMBAD and the NASA/IPAC Extragalactic Database (NED), but it became a de facto standard and is now used more widely, for example, by the NASA Astrophysics Data System, which coined and prefers the term "bibcode".[1][2]

फॉरमैट[संपादन करीं]

एह कोड के कुल लंबाई हमेशा फिक्स होखे ला जे 19 कैरेक्टर के होखे ला आ एकर रूप होला:

YYYYJJJJJVVVVMPPPPA

एहिजे YYYY चार अंक के साल खातिर रिफरेंस होला JJJJJ कोड ई बतावे ला कि सामग्री कहँवा पब्लिश भइल रहल। जर्नल के संदर्भ के दशा में, VVVV कोड जर्नल के खंड (वोल्यूम) के बतावे ला, M ई बतावे ला कि जर्नल के कवना सेक्शन में संदर्भ छपल रहल (उदाहरण खातिर, L के मतलब 'लेटर' माने की चिट्ठी-पतरी वाला अनुभाग में छपल रहे), PPPP सुरुआत के पन्ना संख्या (पेज नंबर) बतावे ला, आ कोड A पहिला लेखक के अंतिम नाँव के पहिला अक्षर होखे ला। डॉट नियर, पीरियड के चीन्हा (.) के इस्तेमाल अइसन खाली फील्ड के भरे खातिर इस्तेमाल होखे ला जेकर संदर्भ में कौनों इस्तेमाल न हो रहल होखे, मने कि ओकरा से संबंधित कौनों जानकारी न होखे; इनहन के इस्तेमाल फील्ड पैडिंग में होला, मने की जानकारी अगर कम होखे तब फिक्स लंबाई १९ कैरेक्टर के पूरा करे खातिर। पैडिंग के ई काम हमेशा पब्लिकेशन कोड के दाहिने ओर कइल जाला आ वाल्यूम नंबर (खंड संख्या) आ पन्ना संख्या के बायें ओर।[1][2] अइसन पन्ना संख्या जे 9999 से बेसी होखे M कॉलम में जारी रखल जाला।

छह अंक के लेख आइडी नंबर (6-digit article ID numbers (in lieu of page numbers)) जे फिजिकल रिव्यू पब्लिकेशन द्वारा 1990 के दशक के अंतिम दौर से इस्तेमाल में बाड़ें, इनहन के रचना आगे बतावल तरीका से होला: पहिला दू गो अंक लेख आईडी होखे ले, अंक संख्या (issue number) के बतावे लें, आ ई अंग्रेजी के छोटा अच्छर (लोवर-केस) में बदल दिहल जालें (01 = a, etc.) आ इनहन के कॉलम M में जोड़ल जाला। बाकी बचल चार गो डिजिट पन्ना के फील्ड में इस्तेमाल होखे लीं।[2]

उदाहरण[संपादन करीं]

नीचे बिबकोड के कुछ उदाहरण दिहल गइल बाड़ें:

बिबकोड (Bibcode) संदर्भ (Reference)
1974AJ.....79..819H Heintz, W. D. (1974). "Astrometric study of four visual binaries". The Astronomical Journal. 79: 819–825. Bibcode:1974AJ.....79..819H. doi:10.1086/111614.
1924MNRAS..84..308E Eddington, A. S. (1924). "On the relation between the masses and luminosities of the stars". Monthly Notices of the Royal Astronomical Society. 84 (5): 308–332. Bibcode:1924MNRAS..84..308E. doi:10.1093/mnras/84.5.308.
1970ApJ...161L..77K Kemp, J. C.; Swedlund, J. B.; Landstreet, J. D.; Angel, J. R. P. (1970). "Discovery of circularly polarized light from a white dwarf". The Astrophysical Journal Letters. 161: L77–L79. Bibcode:1970ApJ...161L..77K. doi:10.1086/180574.
2004PhRvL..93o0801M Mukherjee, M.; Kellerbauer, A.; Beck, D.; et al. (2004). "The Mass of 22Mg" (PDF). Physical Review Letters. 93 (15): 150801. Bibcode:2004PhRvL..93o0801M. doi:10.1103/PhysRevLett.93.150801. PMID 15524861.

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 M. Schmitz; G. Helou; P. Dubois; C. LaGue; B.F. Madore; H. G. Corwin Jr. & S. Lesteven (1995). "NED and SIMBAD Conventions for Bibliographic Reference Coding". In Daniel Egret & Miguel A. Albrecht (eds.). Information & On-Line Data in Astronomy. Kluwer Academic Publishers. ISBN 0-7923-3659-3. Archived from the original on 7 June 2011. Retrieved 2011-06-22.
  2. 2.0 2.1 2.2 "The ADS Data, help page". NASA ADS. Archived from the original on 14 October 2007. Retrieved November 5, 2007.