बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन

विकिपीडिया से
बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन
थियेट्रिकल रिलीज पोस्टर
डाइरेक्टरएस एस राजमौलि
प्रोड्यूसर
  • शोबु यारलागद्दा
  • प्रसाद देवनानी
स्क्रीनप्लेएस एस राजमौलि
कहानीके वी विजयेंद्र प्रताप
कलाकार
संगीतकारऍम ऍम किरवानी
प्रोडक्शन
कंपनी
अर्का मीडिया वर्क्स
डिस्ट्रीब्यूटरतेलुगु:
अर्का मीडिया वर्क्स
तमिल:
के प्रोडक्शंस
Hindi:
धर्मा प्रोडक्शन
AA Films
मलयालम:
ग्लोबल यूनाइटेड मीडिया
रिलीज के तारीख
  • 28 अप्रैल 2017 (2017-04-28)[2]
देसभारत
भाषातेलुगु
तमिल
हिंदी
बजट2 billion[3]

बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन साल 2017 में रिलीज होखे वाली काल्पनिक इतिहासी ड्रामा के रूप में बनल एक ठो भारतीय फिलिम बा जे पहिली फिलिम बाहुबली: दि बिगेनिंग के अगिला पार्ट हवे। फिलिम के डाइरेक्टर एस॰ एस॰ राजमौलि बाने आ फिलिम में मुख्य कलाकार के भूमिका में प्रभास, राणा दग्गुबती, तमन्ना आ अनुष्का शेट्टी बा लोग।

सुरुआत में दुनों पार्ट के एकट्ठा बजट 2.5 billion (US$35 मिलियन),[4][3] रहल हालाँकि, बाद में दूसरा पार्ट के बजट बढ़ावे के परल। बाहुबली 2 अपना रिलीज से पहिलहीं 5 billion (US$70 मिलियन) के कमाई क चुकल रहल।[5]


फिलिम के 28 अप्रैल 2017 के पूरा दुनिया भर में एक्के साथ रिलीज कइल गइल।[2] बाहुबली 2 पहिली तेलुगु फिलिम रहल जेकरा के 4K हाई डेफिनिशन फॉर्मेट में रिलीज कइल गइल। एक ठो अनुमान के मोताबिक एह फ़ॉरमेट में फिलिम के देखावे बदे लगभग 200 सिनेमा हाल सभ के परदा के 4K प्रोजेक्टर वाला बानवे के परल।[6]

बाहुबली 2 पहिली अइसन भारतीय फिलिम बन गइल जे सगरी भाषा सभ में खाली तीने दिन के समय में 500 करोड़ (5 बिलियन) कमाई क लिहलस।[7] बाहुबली 2 पाँच दिन में, भारत के अबतक ले के सभसे ढेर कमाई करे वाली फिलिम भी बन गइल जब ई कुल 565 करोड़ (5.65 बिलियन) के कमाई कइलस।[8][9][10]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "'Baahubali' team gives Rana Daggubati a special tribute on his birthday".
  2. 2.0 2.1 "It's official! Baahubali 2 to hit the screens on अप्रैल 28, 2017". हिंदुस्तान टाइम्स. 5 अगस्त 2016. Retrieved 16 अगस्त 2016.
  3. 3.0 3.1 "'Baahubali 2' overseas distribution rights: 'The Conclusion' makers quote Rs 50 crore". IB Times. 23 मार्च 2016.
  4. indiatvnews (10 July 2015). "Bahubali: Is Rs 250 Crore Budget Film Inspired From Hollywood'IndiaTV News Mobile Site". India TV News.
  5. "broke many records". Archived from the original on 2017-02-06. Retrieved 2017-03-20.
  6. "IndianExpress.com Cinema theatres gear up for Baahubali-2 with 4K projectors".
  7. http://www.boxofficeindia.com/report-details.php?articleid=2894 Bahubali - The Conclusion Worldwide Figures
  8. Bahubali 2 Becomes Highest Grosser Of All Time In Five Days
  9. Why Business Of Dubbed Tamil Telugu Not Included
  10. Top GROSS Numbers - Hindi And All Languages