Jump to content

बालकृष्ण दोशी

विकिपीडिया से
बालकृष्ण दोशी
Born (1927-08-26) 26 अगस्त 1927 (उमिर 96)
पुणे, महाराष्ट्र, भारत
Died (2023-01-24) 24 जनवरी 2023 (उमिर 17 महीना)
Nationalityभारतीय
Alma materसर जेजे स्कूल ऑफ आर्किटेक्चर, मुंबई
Occupationआर्किटेक्ट
Awardsभारत पद्मश्री
फ़्रांस ऑर्डर दे आर्ट्स एत देस लेटर्स
प्रित्स्कर प्राइज
प्रैक्टिसआर्किटेक्ट कंसलटेंट
बिल्डिंआइ आइ एम बंगलोर, संगत स्टूडियो

बालकृष्ण विट्ठलदास दोशी (जनम 26 अगस्त 1927) एगो भारतीय आर्किटेक्ट बाने।[1] इनका के दक्खिन एशिया के आर्कीटेक्चरी के दुनिया में प्रमुख लोग में गिनल जाल आ भारत में आर्कीटेक्चरी पर बिमर्स सुरू करे वाला लोग के रूप में भी इनकर पहिचान हवे।[2] इनके रचना सभ में बिसेस उल्लेख जोग मानल जाला आइआइएम बंगलौर के भवन निर्माण, इंदौर में कम कीमत वाला अरण्या हाउसिंग डेवलपमेंट, आ अहमदाबाद में इनके खुद के संगत स्टूडियो।[3] साल 2018 में इनके वास्तु कला के क्षेत्र के नोबल पुरस्कार मानल जाए वाला, प्रित्स्कर पुरस्कार मिलल। ई पुरस्कार पावे वाल ई पहिला भारतीय ब्यक्ति बाड़ें।[4][5]

  1. Balkrishna Vithaldas Doshi. Archived 2011-08-23 at the Wayback Machine ArchNet 2011. Retrieved 26 July 2011.
  2. Ashish Nangia: "Post Colonial India and its Architecture - II", in Boloji, 12-02-2006
  3. "Balkrishna Doshi Named 2018 Pritzker Prize Laureate". ArchDaily. 7 मार्च 2018. Retrieved 7 मार्च 2018.
  4. Top Architecture Prize Goes to Low-Cost Housing Pioneer From India, By Robin Pogrebin, New York Times, March 7, 2018.
  5. "भारत के बालकृष्ण दोशी को 'आर्किटेक्चर का नोबल'". बीबीसी. 8 मार्च 2018. Retrieved 8 मार्च 2018.