बसई झील

विकिपीडिया से
बसई झील
बसई वेटलैंड
झील (वेटलैंड)
Black-headed Ibis in Basai
झील के तीरे एगो Black-headed ibis
हरियाणा के नक्सा
हरियाणा के नक्सा
बसई झील
हरियाणा में लोकेशन
Coordinates: 28°27′41″N 76°59′04″E / 28.461259°N 76.98437°E / 28.461259; 76.98437निर्देशांक: 28°27′41″N 76°59′04″E / 28.461259°N 76.98437°E / 28.461259; 76.98437
देस भारत
राज्यहरियाणा
जिलागुडगाँव
Websitewww.haryanaforest.gov.in

बसई झील भारत के राजधानी दिल्ली से कुछ दूरी प, हरियाणा के गुड़गाँव तहसील में एगो झील बा। एकर नाँव लगहीं मौजूद बसई गाँव के नाँव पर पड़ल बा। झील के परसिद्धि के कारन इहाँ आवे वाली चिरई सभ बाड़ी सऽ जे में कई गो अइसन प्रजाति के चिरई बाड़ी सऽ जिनहन प बिलुप्त होखे के खतरा भी मेंड़रा रहल बा। एही कारन ई झील एगो 'महत्व वाला चिरई जीवबिबिधता एरिया' (आईबीए) के रूप में चिन्हित कइल गइल बा,[1] आ ई बैस्विक संरक्षण खाती महत्व के झील बा काहें कि इहाँ कई गो, खतरा में आवे वाली प्रजाति के चिरई निवास करे लीं भा सीजन अनुसार आवे लीं।[2]

झील के लोकेशन दिल्ली से लगभग 40 किलोमीटर के दूरी प बाटे।

जून 2018 में ई खबर में आइल, कारण रहल एगो लोहजंघा (ब्लैक नेकेड स्टॉर्क) इहाँ देखल गइल जेकरे ठोर में प्लास्टिक के गोली (संभवतः बोतल के ढक्कन) फँस गइल रहे आ एकरा के बचावे खाती पक्षी प्रेमी लोग अभियान चलावल।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "BirdLife Data Zone". datazone.birdlife.org. Retrieved 2017-06-10.
  2. Rahmani, Asad R.; Islam, M. Zafar-ul; Kasambe, Raju M. (2016). Important Bird and Biodiversity Areas in India: Priority Sites for Conservation (Revised and updated). Bombay: Bombay Natural History Society, Indian Bird Conservation Network, Royal Society for the Protection of Birds and BirdLife International (U.K.). Pp. 1992 + xii. pp. 665–668.
  3. "Rush to save bird with beak shut by plastic". BBC News. 12 जून 2018. Retrieved 12 जून 2018.