बस
Appearance
बस (अंग्रेजी: Bus) सड़क पर चले वाली गाड़ी हवे जे ढेर सारा यात्री लोग के आवागन खाती डिजाइन कइल गइल होला। बस के यात्री ढोवे के क्षमता 300 पसिंजर तक ले के भी हो सके ला। सभसे आम प्रकार सिंगल डेक वाली बस होला, एकरे अलावा डबलो-डेकर (दुतल्ला) बस होला। कुछ अउरी दूसर प्रकार में आर्टिकुलेटेड बस आ लो-फ्लोर बस भी बस के प्रकार हवें।
आमतौर पर बस डीजल भा पेट्रोल से चले लीं। पर्यावरण के सुरक्षा के हिसाब से अब सीएनजी से चले वाली बस चलावल जा रहल बा आ यूरोपीय देस सभ में हाइड्रोजन आ बायोईंधन से चले वाली बस भी चलावल जा रहल बाड़ी स।
| ई लेख परिवहन-संबंधी एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |