Jump to content

बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो

विकिपीडिया से

बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो बफेलो अमेरीकी अंग्रेजी के एगो व्याकरन के दृष्टिकोन से सुध वाक्य हऽ।

एहमे बफेलो सबद के तीनगो माने हऽ:

  • एगो संग्या सबद, जेवन अमेरिका के एगो नगर के नांव हटे।
  • एगो क्रिया, जेकर माने केहू के तंग कइल चाहे हड़काइल होखेला।
  • एगो जीव, जेकरा भोजपुरी मे भंइस कहल जाला।

एह वाक्य के चारि भाग मे बुझल जा सकेला:

  • बफेलो बफेलो: बफेलो नगर के बफेलो (भंइस)
  • बफेलो बफेलो बफेलो: बफेलो नगर के बफेलो (भंइस) मे हड़कावत बा।
  • बफेलो: हड़कावत बा
  • बफेलो बफेलो: बफेलो नगर के बफेलो (भंइस) के

एकर पूरा माने इ भइल कि:

बफेलो नगर के बफेलो (भंइस) के बफेलो नगर के बफेलो (भंइस) हड़कावत बा जे उहो बफेलो नगर के बफेलो (भंइस) के हड़कावस।

आउर सरल सबद मे:

अमेरिका के बफेलो नगर के भंइसा ओही नगर के एगो अउर भइसा के बाकि सभ भईसा के हड़कावे के कहऽता।