फेक न्यूज
Jump to navigation
Jump to search
फेक न्यूज मने कि फर्जी समाचार भा झूठ खबर, एक तरह के दोयम पत्रकारिता भा प्रोपेगैंडा होला जेह में जानबूझ के फर्जी खबर भा धोखाधड़ी के परचार प्रसार परंपरागत मीडिया या फिर सोशल मीडिया के इस्तेमाल से कइल जाला। हाल के समय में सोशल मीडिया के बढ़त इस्तेमाल आ एकरे जरिये कौनों किसिम के झूठ-साँच चीज के तेजी से फइले के घटना आम चीज हो चुकल बा।
फेक न्यूज के कई गो मकसद हो सके लें:
- कौनों ब्यक्ति, संस्था भा एजेंसी के बदनाम करे खातिर
- आर्थिक भा राजनीतिक लाभ खातिर
- सनसनी फइलावे खातिर
- इंटरनेट आधारित समाचार साइट सभ पर क्लिक करे के मजबूर करे वाली हेडलाइन बनावल इत्यादि।
फेक न्यूज के सभसे बड़ परभाव ई पड़े ला कि सीरियस मीडिया पर से लोग के बिस्वास उठ जाला आ पत्रकार लोग के कौनों स्टोरी कभर करे में परेशानी होला।