प्रयोगकर्ता वार्ता:Raju Babu

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से
About me
मेरे बारे में
 Talk with me
हम से बात करीं
 My Drawing Room
हमार प्रयोग स्थल
 Wikipedia Learning Room
विकिपीडिया प्रयोग स्थल
 Wiki Markup Help Template Help Help Colours  

आपके खाती सनेसा[संपादन करीं]

नमस्कार राजू जी, आपके खाती वार्तालाप:भगवानपुर गांवपालिका प एगो सनेसा बा। --SM7--बातचीत-- 09:34, 21 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

टेम्पलेट[संपादन करीं]

नमस्कार राजु जी । टेम्पलेट बनाबे के सिखा दइति बहुत आभारी होइती । धन्यवाद । U L DAS (बात करीं) 01:26, 22 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

देखीं मदद:टेम्पलेट। वैसे आसानी खातिर दूसर भाषा के कउनो भी टेम्पलेट के copy कर के ओ के अनुवाद कर के भोजपुरी विकिपीडिया पर इस्तेमाल करल जा सकत बा। 👤Raju💌 03:05, 22 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

विकिप्रोजेक्ट नेपाल[संपादन करीं]

नमस्ते राजू जी, हम आपके प्रयोगकर्ता पन्ना पर संपादन क के एगो सदस्यबक्सा हटवली हँऽ, काहें कि ऊ लाल कड़ी रहल हवे। एकरे अलावा देखलीं हँऽ कि उहाँ विकिप्रोजेक्ट नेपाल के सदस्य के बक्सा जोड़ल बा। आप अइसन विकिप्रोजेक्ट चालू कइल चाहब? U:U L DAS जी भी चाहें त एह प्रोजेक्ट से जुड़ सके लें आ नेपाल से जुड़ल लेख सुधारल जा सके ला आ चर्चा आ रणनीति भी बनावल जा सके ला। जइसन होखे बताईं।--SM7--बातचीत-- 15:27, 28 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

SM7 जी प्रोजेक्ट पर काम करल बहुत बड़ी जिम्मेदारी ह। हम ई प्रोजेक्ट विकिपीडिया हिंदी पर शुरू कइले रहली लेकिन हम ओ के अधिक समय ना दे पवली आ आधा-अधूरा छोड़ दिहली एहीसे हम के भोजपुरी विकि पर ई प्रोजेक्ट चालू करे में तनिक भय महसूस हो रहल बा। ऊपर से आज-कल हम मोबाइल से ही संपादन कर रहल बानी, काहे की हम आपन लैपटॉप खराब होखला के बाद उ के बनवाये में दिलचस्पी ना दीखवली आ उ रखल रखल बेकार हो गइल एहि से अभी हम पूरी तरह से संपादन में सहयोग नइखी कर पावत। धन्यवाद 👤Raju💌 11:43, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]
जी आप के इहो बात एकदम सही बा। जबले कम से कम तीन चार लोग लगातार कौनों प्रोजेक्ट पर काम न करे ओकरा के बनावल बेकारे बा। चलीं एकरा के कबो बाद में सुरू कइल जाई। अभिन हम कुछ चर्चा कइल चाहत बानी। नेपाल के गाविस सभ के वर्तमान में का स्थिति बा? हम देखत बानी कि U:U L DAS जी नया लेख गांवपालिका सभ पर बना रहल बाने। यानी लेख देखले पर हमके लागल कि कई गो गांविस सभ के मिला के अब गाँवपालिका बनावल गइल बा। उदाहरण देखीं: लक्ष्मीपुर पतारी गांवपालिका में सामिल गांविस सभ - 1. महेशपुर पटरी, 2. सितापुर, 3. लक्ष्मीपुर पटरी, 4. पोखरभिन्डा, 5. पिप्रा प्रध आ 6. खरुक्यान्ही बाड़ें। भोजपुरी विकिपीडिया पर एह गांविस सभ पर एक लाइन के लेख मौजूद बाने। लेकिन इनहन के बढावल बहुत टेढ़ काम बा। अगर दू तीन लोग भी मिल के ई काम करे तबो साल भर लागी। आ अतना भारी संख्या में छोट लेख होखे के कारण हमनी के विकिपीडिया के गुणवत्ता खराबे बा (आधार लेख के रेशियो बहुत ढेर बा)। अइसना में, अगर अइसन कइल जाय कि गाँवपालिका सभ पर लेख बनावल जाय आ गाविस वाला लेखवन के ओह पर अनुप्रेषण क दिहल जाय तब कुछ बेहतरी हो जाई। मने कि गाँवपालिका वाला लेख सभ के आराम से 10,000 बाईट से बड़ बना दिहल जाय आ गाविस वाला एक वाक्य के लेख सभ के उहाँ अनुप्रेषित क दिहल जाय। एह तरीका से एह एक वाक्य वाला लेखवन से छुटकारा मिली आ गाँवपालिका वाला लेख अगर 10,000 बाईट से बड़ कइल जा सकें आ संदर्भ ओगैरह नीक से दे दिहल जाय तब ई आधार लेख ना रह जइहें। आप दुनों लोग के एह बारे में का बिचार बा? अइसन कइल उचित होखी ?--SM7--बातचीत-- 13:24, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]
हम के लागत बा, गांव विकास समिति या गाविस पर लेख ना ही लिखल जाव त ठीक रही, काहे की गांव विकास समिति सभ के अब खतम कर कर के अब गांवपालिका स्थापित हो चुकल बा आ हर गाविस खातिर संदर्भ जुटावल मुमकिन नइखे। अब होखे की फलाना गांवपालिका में स्थित गांव सभ के नीचे गांव कुल के एगो बिना लिंक वाला सूची बना दिहल जाव। 👤Raju💌 14:09, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]
गाविस सभ पर त पहिलहीं बॉट से लेख बन गइल रहें। उनहने के त कम करे के बा। हेकरा के देखीं लक्ष्मीपुर पतारी गांवपालिका। कुछ सुधार के 10000 बाईट क देले बानी। कहीं से कुछ अउरी संदर्भ आ जानकारी जोड़े लायक स्रोत मिले त बताईं। एही लेख पर बाकी गाँवपालिका सभ के बनल लेखवन के अनुप्रेषित क देइब। --SM7--बातचीत-- 15:06, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]
SM7 जी, बहुत बढ़िया लागल लक्ष्मीपुर पतारी गांवपालिका लेख। एहि तरह लिखल जाइ त ठीक रही।  👤Raju💌 15:19, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]
नेपाल के विकिप्रोजेक्ट ना बा एही कारण हम एह चर्चा के हवाला दे के वार्तालाप:नेपाल नेपाल पर सूचना लिख देले बानी। भाबिस्य में ई मददगार रही कि काहें अइसन कइल गइल। आप आ दास जी आगे के कौनों चर्चा एह बिसय पर करे के होखे तब वार्तालाप:नेपाल पर क सकत बानी। आप दुन्नो लोग के काम के जेतना तारीफ़ कइल जाय कम बा। धन्यवाद।--SM7--बातचीत-- 17:18, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

नमस्कार राजु जी नवराजपुर गांवपालिका

बातचीत पन्ना के पुरालेख[संपादन करीं]

राजू जी आपके वार्ता पन्ना प दू किसिम के पुरालेख बक्सा जोड़ देले बानी। जवन पसंद पड़े राखीं। प्रयोगकर्ता वार्ता:Raju Babu/पुरालेख 1 नाँव से नया पन्ना पर वर्तमान वार्ता पन्ना के सगरी सनेसा ले जा के पेस्ट कर दीं, आ एकरा के खाली क दीं। बाकी कौनों मदद होखे तब बताइब। --SM7--बातचीत-- 19:46, 1 फरवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

अनुवाद सहजोग[संपादन करीं]

नमस्कार राजू जी, श्रेणी:अनुवाद लायक टेम्पलेट में कुछ नेवीगेशन साँचा बाड़ें जिनहन के धीरे-धीरे अनुबाद कर रहल बानी। आपो कई टुकड़ा में छोट-छोट संपादन कर के इनहन के अनुबाद में मदद कर सकत बानी। अपनी पसंद अनुसार टेम्पलेट बीछ के।

एकरे अलावा कौनों टेम्पलेट आपके बिना अनुबाद कइल मिले तब ओकरा के अनुबाद खातिर टैग भी कर सकत बानी <noinclude>{{अनुबाद|अंगरेजी|टेम्पलेट}}</noinclude> सभसे ऊपर जोड़ के टैग करीं। --SM7--बातचीत-- 04:49, 17 सितंबर 2018 (UTC)[जबाब देईं]

एह टेम्पलेट के गाँव पालिका आ नगर पालिका पर भोजपुरी में भी लेख बना दीं। --SM7--बातचीत-- 08:34, 26 सितंबर 2018 (UTC)[जबाब देईं]

अक्टूबर महीना खातिर टारगेट[संपादन करीं]

नमस्ते राजू जी,

अगिला महीना भर मिल के काम करे खातिर हम टार्गेट सेट क लेले बानी। एकरा के आप विकिपीडिया:समाज पन्ना (एकर कड़ी बाएँ ओर के साइडबार में भी बा) पर जा के सभसे नीचे देख सकत बानी।

एह लिस्ट में 120 गो लेख बीछ के रखले बानी जिनहन के अपना पसंद अनुसार बिस्तार करे के बा। इनहन के सभसे ढेर देखल जाए वाला लेख सभ में से चुनल गइल बा। 1 अक्टूबर से राउर स्वागत बा एह काम में। --SM7--बातचीत-- 15:32, 28 सितंबर 2018 (UTC)[जबाब देईं]