प्रयोगकर्ता वार्ता:Binay babu

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से
Welcome! स्वागतम्!  

राउर बहुत-बहुत स्वागत बा Binay babu जी !

Binay babu जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 35,174 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।

  • आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
  • दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में पर क्लिक करीं।
  • मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।

सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:

शुरू से सीखीं    संपादन सीखीं    नया लेख लेख मनाहीं    पंचशील सदस्य समाज पन्ना

-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) 11:11, 20 जुलाई 2022 (UTC)[जबाब देईं]

स्वागत बा[संपादन करीं]

नमस्कार Binay babu जी, राउर भोजपुरी विकिपीडिया पर हमरा ओर से बहुत स्वागत बाटे। बहुत खुसी के बात बा की आप एहिजा आपन योगदान करे सुरू कइले बानी। आसा बा की आप एही तरे आपन योगदान जारी राखब आ भोजपुरी विकिपीडिया के बढंती में सहजोग करब। कौनों किसिम के समस्या भा संदेह होखे पर आप हमरा से सवाल पूछ सकत बानी आ मदद ले सकत बानी। एकरा बदे आप हमरा बातचीत पन्ना पर सनेसा भेज सकत बानी। --SM7--बातचीत-- 04:09, 17 अक्टूबर 2022 (UTC)[जबाब देईं]

लिखाई के सिस्टम[संपादन करीं]

नमस्कार Binay babu जी, एह विकिपीडिया के डिफॉल्ट लिखाई देवनागरी हवे आ डिफॉल्ट अंक इंटरनेशनल अंक सिस्टम हवे। आप से अनुरोध बा कि इनहने के इस्तेमाल आपन योगदान करे में करीं। अइसन ना करे पर राउर संपादन विघटनकारी आ उत्पात मानल जा सके ला। धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 05:12, 25 फरवरी 2023 (UTC)[जबाब देईं]

सम्पर्क[संपादन करीं]

सम्पर्क में रही SM7 हरदम बिरूधे रहेला। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 13:18, 25 फरवरी 2023 (UTC)[जबाब देईं]

ठिक बा। Binay babu (बात करीं) 04:49, 26 फरवरी 2023 (UTC)[जबाब देईं]
कैथी लिपि के अक्षर बहुत पातर बा से अक्षरन के तनी मोटा कैल जा सकेला? Binay babu (बात करीं) 04:56, 26 फरवरी 2023 (UTC)[जबाब देईं]

रोक (Blocked)[संपादन करीं]

आप के कुछ समय खातिर विकिपीडिया पर संपादन करे से रोक दिहल गइल बा। आशा बा कि ई समय-सीमा खतम होखे के बाद आप विकिपीडिया पर आपन सकारात्मक योगदान करब।

अगर आपके बुझात बा कि आप पर लगावल रोक हटावल जाए के चाहीं, एहिजा आपन कारण बता के अनुरोध क सकत बानी। --SM7--बातचीत-- 07:22, 26 फरवरी 2023 (UTC)[जबाब देईं]

दोबारा रउवाँ कैथी लिपि के इस्तेमाल क रहल बानी[संपादन करीं]

जी, आपके मना भी कइल जा चुकल बाटे आ एक बेर ब्लॉक कइल जा चुकल बा। एकरा बावजूद आप लेखवन में दोबारा से कैथी लिपि के इस्तेमाल करे शुरू क दिहलीं। बजाय एकरा के मनमाना ढंग से करे के, चर्चा करीं आ आपन पक्ष साबित करीं। विकिपीडिया पर एह लिपि के इस्तेमाल बिना आम सहमती के मत करीं। एक बेर दोबारा आप के चेतावनी दिहल जा रहल बा। विकिपीडिया के कार्य प्रणाली समझे के कोसिस करीं। --SM7--बातचीत-- 06:22, 6 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]

जी हां , कैथी लिपि भोजपुरी के आपन खुद के लिपि बा।ना के देवनागरी नियन गोद लेवल। भाषा के पहिचान ओकर लिपि से होला। लिपि कौनो भाषा के परिवेश होला ओकर समृद्धि आ वैभव के प्रतीक होला। भोजपुरी कवनो आजके ना १३०० साल पुरान भाषा आ एकर ढेरका साहित्य कैथी में बा ना के देवनागरी लिपि में। आज भोजपुरी के जवन दुर्दशा बा ई देवनागरी लिपि के उपयोग के चलते बा। भोजपुरियन के ओकर आपन भाषा के भव्यता आ गौरवशाली इतिहास के पता नैखे एकरो कारन देवनागरी बा। लोग आपन भाषा पढ़ ना पावे काहेसे के ऊ ई कैथी लिपि पढ़ ना पावे ‌। एह से हम एह लिपि के प्रचार प्रसार करके आपन भाषा के भूलाईल पहिचान वापस देवाएम्। Binay babu (बात करीं) 11:35, 6 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]
@Binay babu जी, जबाब देवे खातिर बहुत धन्यवाद। अगर आपके बुझाता कि राउर ऊपर लिखल तर्क सही आ उचित बाने आ आप एह बात सभ के उचित प्रमाण दे के साबित क सकत बाड़ीं, आ एह विकिपीडिया पर जहाँ अबले देवनागरी लिखाई आ इंटरनेशनल अंक लिखात आ रहल बा ऊ गलत बाटे तब समुदाय के साथे एह बिसय पर चर्चा करीं। विकिपीडिया के चौपाल अइसन चर्चा खाती उचित जगह होखी। जहाँ आप एक बेर पहिलहूँ लिख चुकल बानी आ आपके जबाब दिहल जा चुकल बा।
चौपाल पर आपन मकसद आ तर्क प्रमाण के साथे लिख के एगो प्रस्ताव रखीं आ सभके सहमती हासिल करे के कोसिस करीं। चर्चा में जवन सवाल पूछल जाय उनहन के उचित तरीका से जबाब दीं। जब राउर बात साबित हो जाय आ समुदाय राउर प्रस्ताव पर सहमत हो जाय ओकरा बाद आप अइसन बदलाव क सकत बानी। ओकरा पहिले अइसन बदलाव करे से परहेज करीं जे एहिजे के चलत आ रहल परंपरा के साथे संगत ना बइठत बा। --SM7--बातचीत-- 13:17, 6 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]