प्रयोगकर्ता वार्ता:राजकुमारी मिश्रा
बिसय जोड़ीं
Welcome! स्वागतम्!
|
| विकिपीडिया का ना हवे? |
| भोजपुरी में टाइपिंग |
| प्रमाणित बात लिखीं |
| संदर्भ कइसे जोड़ीं? |
| विकिनीति आ निर्देश |
राजकुमारी मिश्रा जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 39,239 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।
- पहिले से बनल लेखवन में कौनो संपादन खाली टेस्ट करे खातिर मत करीं। कौनों तरह के परीक्षण (प्रयोग या टेस्टिंग) टेस्टपन्ना या अपना प्रयोगपन्ना पर करीं।
- आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
- दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में
पर क्लिक करीं। - मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।
सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:
| शुरू से सीखीं | संपादन सीखीं | नया लेख | लेख मनाहीं | पंचशील | सदस्य समाज पन्ना |
-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) ०८:२२, १९ जुलाई २०१६ (UTC)
आपके खातिर एगो बार्नस्टार
[संपादन करीं]| नवागन्तुक बार्नस्टार | |
| नमस्ते राजकुमारी मिश्रा जी, आपके योगदान देख के हमारा के बहुत खुसी भइल आ आशा करत बानी की आप एही तरे भोजपुरी विकिपीडिया पर आपन योगदान देत रहब आ हमनी के नया लेख के संख्या में बढ़ती होखी। आपके उत्साह बढ़ावे खातिर हमरी ओर से एगो सम्मान के रूप में ई बार्नस्टार। --सत्यम् मिश्र [[User talk:सत्यम् मिश्र|<span सत्यम् मिश्र बातचीत ०६:४७, २० जुलाई २०१६ (UTC) |
प्रस्ताव पर राउर समर्थन चाहत बाटे
[संपादन करीं]नमस्ते राजकुमारी मिश्रा जी! चौपाल पर एक ठो प्रस्ताव रखल गइल बा जेह में आपके समर्थन के जरूरत बा। एकरे साथे अगर आप उहाँ दिहल गइल कड़ी में प्रस्तावित नीति में कौनों सुझाव भा सुधार बतावल चाहत होखीं त ओहू के बहुत स्वागत बा। समर्थन करे खातिर संबंधित खंड में अन्य लोग के दस्खत के नीचे आगे दिहल चीज: * {{समर्थन}} — ~~~~ के पेस्ट कर दीं। --SM7--बातचीत-- १८:१०, १२ दिसंबर २०१६ (UTC)
- कृपया विकिपीडिया:चौपाल#नीक लेख आ बीछल लेख खातिर पैमाना निर्धारण पर आपन समर्थन या सुझाव दिहल जाय दिहल जाय। ई चर्चा २३ तारीख ले खुलल बाटे। --SM7--बातचीत-- १९:३१, २० दिसंबर २०१६ (UTC)
उल्लेखजोग बिसय पर नया लेख
[संपादन करीं]नमस्ते राजकुमारी मिश्रा जी, आपके बनावल लेख देख के आ इहाँ भोजपुरी विकिपीडिया पर योगदान देख के हमरा बहुत खुसी बा। हालाँकि, आपके बनावल नया लेख सभ में कई सारा लेख अइसन बाने जिनहन के Notability पर केहू के सुबहा हो सके ला, जइसे कि बोगमालो बीच रिसोर्ट, कारण ई बा कि एह बिसय पर कवनों अन्य विकिपीडिया पर लेख नइखे बनल।
आगे से कोसिस करीं कि अगर होटल इत्यादि पर लेख बनावे के होखे तब अइसन होटल सभ पर लेख बनाईं जेकरे बारे में अंग्रेजी विकिपीडिया पर लेख जरूर होखे। अंग्रेजी विकिपीडिया पर लेख रहले पर बिसय के उल्लेखजोग होखे में कवनो शंका ना रह जाई। एकरे बिपरीत अगर आप अइसन बिसय पर लेख बनाइब जेकरे उल्लेख जोग होखे पर संदेह होखे तब ई परचार के श्रेणी में भी गिनल जा सके ला। परचार खातिर बनल लेख के हटावल जा सके ला।
आपसे बिनती बा कि आगे से एह बात के धियान जरूर राखीं। बहुत-बहुत शुक्रिया। --SM7--बातचीत-- 06:16, 26 जुलाई 2017 (UTC)
- हमनी क विकिपीडिया की दुनिया में नया बानीं जा और आपकी कमेन्ट जइसन विभिन्न माध्यम से सीखत बानीं जा। हमनीं क इरादा एके प्रचारक बनवले क नाहीं बल्कि जानकारीपूर्ण बनवले क रहल ह जइसन की अब हमनीं क क देले बानीं जा। अगर आपके एइसन लागत होखे की एपर हमनी के कुछ अलग कइले क जरुरत बा त कृपा करके हमनीं के बताइं।
राजकुमारी मिश्रा 15:38, 17 अगस्त 2017 (UTC)
- हमार कहल बस एतने रहल कि अगर आप अइसन बिसय पे लेख बनाइब जेकरे ऊपर अंग्रेजी विकिपीडिया में भी लेख होखे तब केहू के शंका ना रहि जाई। बाकी आप के इहाँ योगदान कइल देख के हमरा बहुत खुसी बा। --SM7--बातचीत-- 17:47, 17 अगस्त 2017 (UTC)