प्रयोगकर्ता वार्ता:राकेश नाथ

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से

Welcome! स्वागतम्!  

राउर बहुत-बहुत स्वागत बा राकेश नाथ जी !

राकेश नाथ जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 35,188 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।

  • आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
  • दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में पर क्लिक करीं।
  • मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।

सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:

शुरू से सीखीं    संपादन सीखीं    नया लेख लेख मनाहीं    पंचशील सदस्य समाज पन्ना


-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) ०३:४५, ४ सितंबर २०१५ (UTC)

नमस्कार राकेश नाथ जी! आप के भोजपुरी विकि पर लेख बनावत देखि के बहुत नीक लागल। आशा करत बानी की आप इहाँ से जुड़ल रहब आ अउरी ढेर सारा लेख बनाइब आ पुरान लेख सभ में सुधार करब। अगर आपके कौनों किसिम के मदद के जरूरत होखे त हमसे बात क सकत बानी। हम भरसक कोसिस करब की आपके हर तरह के सहायता करीं! एक बेर फिर से धन्यवाद आ शुभकामना !--त्यम् मिश्र बातचीत ०५:१८, ६ सितंबर २०१५ (UTC)

भोजपुरी हमार मात्र भाषा त ना ह लेकिन हम अपना जीवन के १५ साल भोजपुरी भाषा के अधयन में बितवाले बानी एतना समय में एक अटूट नाता होगयिल बा हमार एह भाषा से, रउरा सभे के सहयोग आ मार्गदर्शन के मनौती के साथ -राकेश नाथ
ई त जान के अउरी खुसी भइल की रउवाँ भोजपुरी के बाकायदा अध्ययन कइले बानी। आपकी ज्ञान से भोजपुरी विकि के बहुत मदद मिली आ हमहूँ के सीखे के मिली। हम इहाँ नीचे कुछ कड़ी देत बानी जिनका के क्लिक क के पढ़ सकत बानी आ ई सुरुआती जानकारी विकिपीडिया क संपादन करे में बहुत सहायक बाटे। बस दिक्कत इहे बा की ई जानकारी अभी ले भोजपुरी में उपलब्ध ना हो पवले बा। एही से हम रउवाँ के हिन्दी विकि के कड़ी देत बानी। हालाँकि बात बूझे में बहुत दिक्कत ना होखे के चाहीं।
  • सभसे पहिले त स्वशिक्षा की अध्याय के पढ़ल जाय। ई पन्ना पढ़ के अंत में अगिला पन्ना पर जाए खातिर कड़ी मिली आ अइसने कई गो पन्ना मिलिहें। एकरा पढ़ला पर आपके हेडिंग, कड़ी, संदर्भ नियर चीज जोड़े के तरीका मालुम हो जाई!
  • दुसरा चीज कि, विकिपीडिया के कुछ नीति नियम बाटें कि का लिखल जा सकेला आ का ना! एगो संछेप जानकारी विकिपीडिया क्या नहीं है? पर मिल जाई। ई नीति नियम कौनों कानून ना हवे बलुक विकिपीडिया के मूल भावना की आधार पर गाइडलाइन नियर बनावल बा आ सगरी भाषा की विकिपीडिया पर लागू होला (कुछ खास मामिला में अलग-अलग भाषा के विकि पर अलग नियम हो सकेला)।
  • तिसरा चीज, बातचीत वाला पन्ना पर आपन बात लिखला की बाद चार गो टेढ़का डैश, जिन्हन के अंग्रेजी में टिल्ड कहल जाला (~~~~) जोड़ दीं, जब आप एकरा के सहेजब त ई आपकी दस्खत में बदल जाई!
अउरी कौनों भी समस्या होखी त हमके बताइब !--त्यम् मिश्र बातचीत ०९:०३, ७ सितंबर २०१५ (UTC)

धन्य बाद मिश्रा जी हमरा के मार्गदर्शन खाती ,अभी हम नेपाल में कुछ राजनितिक कारन से ब्यस्त बानी लेकिन एह पाना खाती कुछ समय निकाले के कोसिस जरूर करब राकेश नाथ (बात करीं) १०:५२, ८ सितंबर २०१५ (UTC)

हमनी के विकि पर लेखवन के संख्या ६००० पहुँचल[संपादन करीं]

नमस्कार ! राकेश जी!

आज १ दिसंबर २०१५ के हमनी के भोजपुरी विकि पर लेखवन के संख्या ६००० पहुँच गइल। एह मोका पर आपके बधाई! आशा बा की जल्दिये एक हजार लेख अउरी जोड़ के हमनी के ७००० के आँकड़ा ले पहुँचल जाई। --त्यम् मिश्र बातचीत १६:३७, १ दिसंबर २०१५ (UTC)

अक्टूबर महीना खातिर टारगेट[संपादन करीं]

नमस्ते राकेश नाथ जी,

अगिला महीना भर मिल के काम करे खातिर हम टार्गेट सेट क लेले बानी। एकरा के आप विकिपीडिया:समाज पन्ना (एकर कड़ी बाएँ ओर के साइडबार में भी बा) पर जा के सभसे नीचे देख सकत बानी।

एह लिस्ट में 120 गो लेख बीछ के रखले बानी जिनहन के अपना पसंद अनुसार बिस्तार करे के बा। इनहन के सभसे ढेर देखल जाए वाला लेख सभ में से चुनल गइल बा। 1 अक्टूबर से राउर स्वागत बा एह काम में। --SM7--बातचीत-- 16:19, 28 सितंबर 2018 (UTC)[जबाब देईं]