प्रयोगकर्ता:SM7/sandbox

विकिपीडिया से

विकिपीडिया एगो फिरी (आजाद/मुफ्त), वालंटियर लोगन द्वारा बनावल गइल ज्ञानकोश हवे जेवना में एक किसिम के खास शैली में लिखल लेख सभ के सामिल कइल जाला। विकिपीडिया एगो लगातार चले वाली प्रक्रिया हवे जेकर कवनो अंत नइखे। अगर रउरा कुछ बढ़िया लिखत बानी त ऊ हफ्ता, महीना, भा सालन ले चलत रह सकेला आ पूरा दुनिया में पढ़ल जा सकेला। एकरा में सुधार भी हो सके ला, चाहे अउरी दूसर संपादक लोगन द्वारा राउर लिखल चीज नया संशोधन में भी सामिल कइल जा सके ला। इहाँ संपादन के सभसे मजेदार बात आ चुनौती के एगो हिस्सा ईहो देखल बा कि समय के साथ राउर योगदान के का होला।

विकिपीडिया समुदाय के बिकासो चल रहल बा। समय के साथ नीति आ रीति रिवाज सभ के बिकास भइल बा काहें से कि लाखन संपादक लोग एक दुसरा से सीखत बा कि कइसे संतुलित, बढ़िया से स्रोत-संदर्भ वाला, जानकारी वाला लेख बनावल जाय आ कइसे मिल के काम कइल जाय आ टकराव के समाधान कइल जाय। एह पन्ना पर अइसन जरूरी चीजन के दिहल कइल गइल बा जिनहन से रउरा के बढ़िया से लिखे में मदद मिली आ बेमतलब के लड़ाई आ झगरा-रगरा से बचे में मदद मिली।

विकिपीडिया के आधारशिला जानकारी के बिस्वास जोग स्रोत हवें — विद्वान लोग आ मीडिया प्रकाशक लोग जे सटीक होखे के रेपुटेशन वाला बा। विकिपीडिया के आपन बिचार नइखे कि का "सही" बा, बलुक बढ़ियाँ स्रोत सभ के कहल बात के संक्षेप में बतावे के कोसिस करे ला, अलग-अलग बिचार सभ के बिना कौनों पक्षपात के आ बिना कौनों पूर्वग्रह (बायस) के प्रस्तुत कइल जाला। सभ बयान अपना स्रोत से यथार्थवादी रूप से जाँच करे लायक होखे के चाहीं: जवन लिखीं ओकरा खातिर हवाला दीं कि रउआँ के कहाँ जानकारी मिलल। भरोसेमंद स्रोत के केंद्र में राख के हमनी के जवन काम करेनी जा ओकरा में संपादक लोग के मौलिक विचार, व्याख्या, आ रिसर्च इहाँ उचित नइखे।

अगर पहिले-पहिल सब कुछ ना बुझात बा, चिंता मत करीं। आ सवाल पूछे में संकोच मत करीं। जइसे-जइसे समय बीतत जाई, रउआँ विकिपीडिया पर एगो बढ़िया योगदान देवे वाला बने के तरीका सीख जाइब!

मूल सिद्धांत[संपादन करीं]

थियरी में त इहे बा कि कुछऊ बदलल जा सके ला बाकी विकिपीडिया समुदाय, एह बिंदु तक ले देखल जाय त, कुछ सिद्धांत सभ के आधार पर बनल बाटे। एह सिद्धांतन के बनावे में बहुत सोच-बिचार लागल बा, आ एकर संभावना बहुते कम बा कि इनहन में भाबिस्य में बदलाव होखे। ई अबतक ले कामे आइल बाड़ें, एही से कौनों बहुत आमूल-चूल सुधार करे के कोसिस भा एह प्रोजेक्ट के छोड़े से पहिले, इनहन के काम करे के मोका दीं।

  1. पंचशील: विकिपीडिया समुदाय के नेईं सभ के 5 गो सहज आइडिया सभ में संछेपित कइल गइल बाटे। विकिपीडिया एगो ऑनलाइन ज्ञानकोश ह; ई तटस्थ नजरिया वाला ह; ई फिरी सामग्री हवे जेकरा केहुओ संपादित क सके ला आ बितरित क सके ला; सगरी विकिपीडियन लोगन के आपस में सम्मानपूर्वक आ सभ्य तरीका से बेहवार करे के चाहीं; आ विकिपीडिया पर कौनों खास कठोर नियम ना बाटें।
  2. संस्थापक सिद्धांत: विकिमीडिया फाउंडेशन, जे विकिपीडिया आ अउरी अइसने प्रोजेक्ट सभ के देखभाल करे वाली बैस्विक ऑर्गेनाइजेशन हवे, खुदो कुछ कॉमन आइडिया सभ पर आधारित हवे: तटस्थता बहुत ज़रुरी (मैंडेटरी) बा, केहूओ (ज्यादातर) लेख सभ के बिना खाता खोलले संपादित क सके ला; हमनी के निर्णय पर पहुँचे खातिर चर्चा-परिचर्चा के "विकि प्रक्रिया" के पालन करीं लें; हमनी के स्वागतपूर्ण आ सहजोग वाला माहौल में काम कइल चाहीं लें; हमनी के सामग्री (कंटेंट) फिरी रूप से लाइसेंस वाला बाटे; आ बिसेस रूप से कठिन समस्या सभ के अथारिटी द्वारा सोझुरावे खातिर जगह राखी लें। अंग्रेजी विकिपीडिया पर आर्बिट्रेशन कमेटी बा, भोजपुरी विकिपीडिया खातिर अइसन अथारिटी मेटा पर स्टीवर्ड लोग बा।
  3. कॉपीराइट: विकिपीडिया खुला लाइसेंस के इस्तेमाल करे ले जे क्रिएटिव कॉमंस एट्रीब्यूशन-शेयरअलाइक लाइसेंसजीएनयू फ्री डाकुमेंटेशन लाइसेंस के अधीन आवे ला। विकिपीडिया पर के कंटेंट के इस्तेमाल आ दोबारा-इस्तेमाल फिरी में कइल जा सके ला, जबतक कि एट्रीब्यूशन (श्रेय) दिहल जा रहल होखे; एकरा के बदललो जा सके ला लाभो खातिर इस्तेमाल कइल जा सके ला, जबतक ले ई सुनिश्चित होखे के आगे भबिस्य में इस्तेमाल करे वाला लोगन के भी इहे छूट रहे आ उहो लोग अइसने क सके। हर चीज जे संपादक लोग एहिजे योगदान करे ला विकिपीडिया के लाइसेंस के साथ कंपेटिबल होखे के चाहीं आ दुसरा के लाइसेंस के उलंघन ना करत होखे के चाहीं, कुछ बहुत बिसेस दसा सभ के अलावा।
  4. सभ नियम के इग्नोर करीं (IAR): विकिपीडिया पर नियम सभ पाथर पर उकेरल लकीर ना हवें। नियम के मूल भावना नियम के शब्दावली से बढ़ के बाटे। ज्ञानकोश बनावे के कॉमन मकसद एह दुनों से बढ़ के बा। एकर मतलब इहो ना भइल कि IAR के दावा क के कुछऊ कइल जा सके ला, चाहे केहू द्वारा आपन निर्णय के ब्याख्या करे आ समझावे खातिर चर्चा के जरूरत ना होखे।

en:Wikipedia:Simplified ruleset