पोपोकैटेपिटल

विकिपीडिया से
पोपोकैटेपिटल
Popocatépetl from Amecameca (looking south-east)
Highest point
ऊँचाई5,426 मी (17,802 फीट) [नोट 1]
टोपो प्रामिनेंस3,020 मी (9,910 फीट) [2][3]
टोपोग्राफिक बिलगाव143 किलोमीटर (89 मील)
लोकेशन (भूगोलीय)19°01′20″N 98°37′40″W / 19.02222°N 98.62778°W / 19.02222; -98.62778निर्देशांक: 19°01′20″N 98°37′40″W / 19.02222°N 98.62778°W / 19.02222; -98.62778
भूगोल
पोपोकैटेपिटल is located in Mexico
पोपोकैटेपिटल
पोपोकैटेपिटल
Mexico
Locationमैक्सिको
Geology
परबत प्रकारस्तरित ज्वालामुखी
अंतिम बिस्फोट2004 से 2019 (जारी)[4]
चढ़ाई
सहज रूटrock/snow climb

पोपोकैटेपिटल (स्पेनी: Popocatépetl; पोपोकतॆपेत्ल इस्पेनी उच्चारण: [popokaˈtepetl]) मध्य मैक्सिको में एगो सक्रिय स्तरित ज्वालामुखी (स्ट्रेटावल्कैनो) बाटे। एकर बिस्तार प्यूएब्ला आ मोरेलोस राज्यन में बा आ ई ट्रांस-मैक्सिकन जवालामुखी पेटी के पूरबी हिस्सा में स्थित बाटे। एकर ऊँचाई 5,426 मी (17,802 फीट) बाटे आ एह तरीका से ई पिको दे ओरिजाबा के बाद मैक्सिको में दुसरा सभसे ऊँच परबत हवे।

पहिले एह परबत पर ग्लेशियर पावल जायँ आ अइसन मैक्सिको के तीन गो परबत सभ में इहो एगो रहल। बाद में इहाँ के ग्लेशियर खतम हो गइलें, कुछ जलवायु बदलाव के कारण आ कुछ ज्वालामुखी के सक्रियता बढ़े के कारण। एहपर बरफ अबो पावल जाले बाकी ग्लेशियर के चीन्हा ना मिले ला, जइसे कि क्रिवास वगैरह लच्छन।

एह परबत के मैक्सिको शहर से दूरी लगभग 70 किलोमीटर बा आ अक्सरहा एकरा के शहर से देखल भी जा सके ला जे मौसम आ वायुमंडली दशा पर निर्भर करे ला।

नोट[संपादन करीं]

  1. Sources vary widely, on the elevation of Popocatépetl, with most giving a value at or slightly above 5,400 m. The 5,426 m figure given here is from the Smithsonian Institution-Global Volcanism Program[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Popocatépetl". Global Volcanism Program. Smithsonian Institution. Retrieved 2008-12-18.
  2. "Mexico Ultras" Peaklist.org. The prominence value given here of 3,020 m is based on a summit elevation of 5,400 m for Popocatépetl. Retrieved 2012-01-29.
  3. "Volcán Popocatépetl, Mexico" The prominence value given here of 3,020 m is interpolated from a summit elevation of 5,400 m for Popocatépetl. Peakbagger.com. Retrieved 2012-01-29.
  4. "Popocatépetl volcano" (English में). 19 Feb 2018.{{cite news}}: CS1 maint: unrecognized language (link)