पॉलीमैथ

पॉलीमैथ (अंग्रेजी: polymath)[1][2] एगो यूरोपियन शब्दावली बाटे जेवन अइसनका व्यक्ति खातिर इस्तेमाल होला जे बहुत सारा कला आ बिद्या सभ में निपुण होखे, लगभग हर काम के सुघराई से कर सकत होखे, हर बिग्यान के जानकारी रखत होखे आ अपनी जमाना के करीबन सगरी ज्ञान के बात जानत होखे।
ई शब्द खास तौर पर यूरोप में पुनर्जागरण (रिनासाँ) की समय की बिद्वान लोगन खातिर प्रयोग होला आ लियोनार्दो दा विंची आ गैलीलियो नियर लोगन के एकरी उदाहरण की रूप में देखल जाला। हालाँकि, बाद के किताबिन में कतहूँ के अइसन बहुत सारा बिद्या सभ में निपुण लोगन के खाती एह शब्द के इस्तेमाल भइल बाटे। मध्य जुग के कई बिद्वान जइसे कि अल-बरूनी आ उमर ख़य्याम; आधुनिक जुग के लोग जइसे कि बेंजामिन फ्रैंकलिन आ कई भारतीय बिद्वान जइसे कि रबींद्रनाथ ठाकुर आ भीमराव अंबेडकर[a][b] नियर लोगन के पॉलीमैथ के दर्जा दिहल जाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]फुटनोट
[संपादन करीं]- ↑ Sreenivas 2013, p. 170
- ↑ Rathore 2020, p. 49
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Ask The Philosopher: Tim Soutphommasane – The quest for renaissance man". The Australian. 10 April 2010. Retrieved 2018-07-27.
- ↑ "POLYMATH definition and meaning | Collins English Dictionary". www.collinsdictionary.com (अंग्रेजी में). 2026-06-29. Retrieved 2026-07-17.
स्रोत ग्रंथ
[संपादन करीं]- Sreenivas, Deepa (4 July 2013). Sculpting the Middle Class: History, Masculinity and the Amar Chitra Katha. Routledge. ISBN 978-1-136-48585-5. Retrieved 4 August 2026.
- Rathore, Aakash Singh (1 February 2020). Ambedkar's Preamble: A Secret History of the Constitution of India. Penguin Random House India Private Limited. ISBN 978-93-5305-741-1. Retrieved 4 August 2026.
| ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |