पॉलीमैथ

विकिपीडिया से
Leonardo da Vinci, a polymath of the Renaissance

पॉलीमैथ एगो यूरोपियन शब्दावली बाटे जेवन अइसनका व्यक्ति खातिर इस्तेमाल होला जे बहुत सारा कला में निपुण होखे आ लगभग हर काम के सुघराई से कर सकत होखे, हर बिग्यान के जानकारी रखत होखे आ अपनी जमाना के सगरी ज्ञान के बात जानत होखे।

ई शब्द खास तौर पर यूरोप में पुनर्जागरण की समय की बिद्वान लोगन खातिर प्रयोग होला आ लियोनार्दो दा विंचीगैलीलियो नियर लोगन के एकरी उदाहरण की रूप में देखल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]