Jump to content

पुरा उलुन दनु ब्रातन

विकिपीडिया से
झील के तीरे मंदिर के सीन।
पुराब्रातन के लोकेशन Bali में
पुराब्रातन
पुरा
ब्रातन
बाली में लोकेशन

पुरा उलुन दनु ब्रातन (Pura Ulun Danu Bratan) चाहे पुरा ब्रातन इंडोनेशिया के बाली दीप पर एगो हिंदू मंदिर बाटे। ब्रातन झील के तीरे पर बनल ई मंदिर शैव मत के मंदिर हवे आ देवी दनु के समर्पित हवे, इहाँ के मान्यता अनुसार देवी दनु पानी, झील आ नदी के देवी हई। ब्रातन झील एगो काल्डेरा झील हवे आ एह इलाका में पानी के महत्व वाला स्रोत हवे, एकरा निचला इलाका सभ में अउरी कई गो छोट मंदिर बाड़ें जे पानी से जुड़ल बाने आ सिंचनी के अलग-अलग इलाका के खातिर बनल बाड़ें।