पशुपतिनाथ मंदिर

विकिपीडिया से
पशुपतिनाथ मंदिर
रात के समय देखे पर मंदिर के दृश्य
रात के समय देखे पर मंदिर के दृश्य
पशुपतिनाथ मंदिर is located in Nepal
पशुपतिनाथ मंदिर
नेपाल में लोकेशन
नाँव
पूरा नाँवश्री पशुपतिनाथ मंदिर
भूगोल
भूगोलीय स्थिति27°42′35″N 85°20′55″E / 27.70972°N 85.34861°E / 27.70972; 85.34861निर्देशांक: 27°42′35″N 85°20′55″E / 27.70972°N 85.34861°E / 27.70972; 85.34861
देशनेपाल
Stateबागमती अंचल
जिलाकाठमांडो
क्षेत्रकाठमांडो
भवन शैली
शैलीपैगोडा
इतिहास आ प्रशासन
वेबसाइटpashupati.org.np

पशुपतिनाथ मंदिर नेपाल के राजधानी काठमांडो से कुछ दूरी प मौजूद एगो हिंदू मंदिर बा जे भगवान शिव के पशुपति रूप के प्रमुख मंदिर हवे। ई मंदिर हिंदू धर्म में बहुत पबित्र तीरथ मानल जाला। नेपाल के काठमांडो घाटी के पूरबी हिस्सा में बागमती नदी के तीरे पर ई मंदिर बनल बा आ अपना बनावट, इतिहास आ परसिद्धी के कारण इतिहासी, धार्मिक आ सांस्कृतिक महत्व वाला अस्थान बा। नेपाल के धार्मिक पर्यटन में भी एह मंदिर के प्रमुख योगदान बा।

एह मंदिर के 1979 में बिस्व धरोहर स्थल के रूप में वर्गीकृत कइल गइल। ई "बिस्तृत हिंदू मंदिर परिसर", "पवित्र बागमती नदी के किनारे सदियन से उठल मंदिर, आश्रम, बिम्ब आ शिलालेख सभ के बिस्तार वाला संग्रह" हवे, आ यूनेस्को के काठमांडू घाटी के नाँव से सात गो स्मारक समूह में से एक हवे।[1] ई 246 हेक्टेयर (2,460,000 वर्ग मीटर) के इलाका में बनल बा आ एह में 518 गो मिनी-मंदिर बाड़ें आ एक ठो मुख्य पैगोडा भवन सामिल बा।

ई मंदिर एह महादीप के पादल पत्र स्थलम सभ में से एक हवे, मने की कुछ प्रमुख शिव मंदिर सब में से एक हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Pashupatinath Temple expects over 7 Lakhs Devotees on Mahashivratri". news.biharprabha.com. Indo-Asian News Service. Archived from the original on 25 July 2014. Retrieved 23 February 2014.