Jump to content

पवनचक्की

विकिपीडिया से
इस्टोनिया के कुरेमा में एगो पुरान विंडमिल

पवनचक्की चाहे अंग्रेजी में विंडमिल (Windmill) एगो अइसन मशीन हवे जे बहत हवा के ऊर्जा के घूर्णन (घुमाव चाहे घुमिरी) में बदल के इस्तेमाल लायक बना देले आ एकरे द्वारा अनाज पीसे, जमीन के सींचे खातिर पानी उठावे या फिर जमीन-भीतरी पानी खींच के निकाले खातिर पुराना समय से यूरोप में इस्तेमाल होखे ला।

अइसन मिल सभ में बड़े-बड़े पंखा लागल होखे लें जे हवा बहे पर धुरी के घुमावे लें। एही घुमाव से एह मिल सभ से कई किसिम के काम लिहल जा सके ला।