Jump to content

पर्यावरणी डिटरमिनिज्म

विकिपीडिया से
(पर्यावरणी नियतिवाद से अनुप्रेषित)

पर्यावरणी डिटरमिनिज्म (अंग्रेजी: environmental detterminism[1]) चाहे भूगोलीय डिटरमिनिज्म (geographical detterminism) मानव भूगोलसांस्कृतिक भूगोल के एगो बिचारधारा चाहे नजरिया (व्यू प्वाइंट) हवे जे ई माने ला कि कौनों क्षेत्र बिसेस के भौतिक पर्यावरण ओह जगह के मनुष्य के जिनगी आ ओहिजे मनुष्य के कामकाज आ सांस्कृतिक-इतिहासी बिकास के निश्चित भा निर्धारित करे ला। आसान शब्द में, कौनों जगह के पर्यावरण ओहिजे के मानवीय भूगोल के तय करे ला।

एह बिचारधारा के जोर मूल रूप से जर्मनी में रहल आ फ्रेडरिक रेटजेल के एकर अगुआ मानल जाला। अमेरिकी भूगोलवेत्ता लोगन में रेटजेल के शिष्या ई. सी. सेम्पुल एकर कट्टर समर्थक रहली। भूगोल के चिंतन में एह बिचारधारा खिलाफत भा कंपटीशन में संभववाद के बिचारधारा[2] जनमल जेकर चलन फ्रांस में भइल। बाद में एह बिबाद के बीचा में समझौता के रूप में ई मानल गइल कि ई दुनों बिचार अति के समर्थक बाड़ें।

हिंदी भाषा में एकरा के पर्यावरणीय नियतिवाद चाहे पर्यावरणीय निश्चयवाद के नाँव से जानल जाला। एकरे आगे के बहस में नियो-डिटरमिनिज्म, आ प्रसंभववाद के बिकास भइल।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  • फ्रेडरिक रेटजेल - एंथ्रोपोज्याग्रफी के लेखक, जर्मन भूगोलवेत्ता
  • संभववाद - पर्यावरणी डिटरमिनिज्म बिचारधारा के खिलाफत में उपजल मत
  1. "environmental determinism | social science | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 7 मार्च 2022.
  2. Ehlers, E.; Gethmann, Carl Friedrich (11 नवंबर 2013). Environment across Cultures (अंग्रेजी में). Springer Science & Business Media. ISBN 978-3-662-07058-1.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]