पतरा
Jump to navigation
Jump to search
पतरा, पत्रा या पंचांग (संस्कृत: पञ्चाङ्गम्) परंपरागत हिंदू कैलेंडर हवे जे कैलेंडर, अल्मनाक आ एफेमरिस के काम करे ला। पूरबी इलाका में बंगाल, आसाम में एकरा के पंजिका भी कहल जाला। छपल रूप में पतरा एक ठो सारिणी या टेबल नियर पन्ना सभ से बनल होला जेह में पाँच गो चीज के प्रमुख महत्व हवे - 1. तिथि, 2. वार, 3. नक्षत्र, 4. करण आ 5. योग।[1] एही पाँच चीज के गणना करे के चलते एकरा के पञ्चांग कहल जाला। कुछ बिद्वान लोग एह में से करण (तिथि के आधा हिस्सा) के छोड़ के "अहः" (सुरुज के उगे से ले के अस्त होखे ले के समय) के पाँचवाँ अंग मानेला।[1]
बाहरी कड़ी[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ 1.0 1.1 L.D.S. Pillai (1 December 1996). Panchang and Horoscope. Asian Educational Services. पप. 1–. ISBN 978-81-206-0258-8.
![]() | ई हिंदू धर्म लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |