Jump to content

पटना मेट्रो

विकिपीडिया से

पटना मेट्रो बिहार के राजधानी पटना में बनत एक आधुनिक मेट्रो रेल प्रणाली बा, जवना के मकसद ई शहर के भीड़भा आ ट्रैफिक से निजात दिहल, आ लोगन के जल्दी, सुरक्षित, साफ-सुथर आ सस्ता यातायात सुविधा दिहल। ई परियोजना भारत सरकार ओ बिहार सरकार के सहयोग से चलाई जात बा आ एकर निर्माण पटना मेट्रो रेल कॉर्पोरेशन लिमिटेड (PMRCL) के देखरखे में हो रहल बा।[1][2]

पटना मेट्रो के सपना पहिला बेर 2011 में देखल गइल जब बिहार सरकार मेट्रो ट्रेन के संभावना पर अध्ययन करावे के निर्णय लिहलस। दिल्ली मेट्रो रेल कॉर्पोरेशन (DMRC) द्वारा प्रोजेक्ट रिपोर्ट तैयार कइल गइल आ फेर 17 फरवरी 2019 के भारत सरकार से एकरा के मंजूरी मिल गइल।

पटना मेट्रो शहर के ट्रैफिक भीड़भाड़ से मुक्ति देई, लोग के यात्रा समय में कमी आई आ पर्यावरण के भी फायदा होई। ए मेट्रो परियोजना से रोज़ हजारों लोगन के सुविधा होई, खासकर स्कूल, कॉलेज, ऑफिसअस्पताल जाये वाला यात्री लोगन के।

निर्माण स्थिति (2024 तक के जानकारी अनुसार)

  • पिलर बनावे के काम तेज गति से चल रहल बा।
  • भूमिगत स्टेशन खातिर खुदाई शुरू हो गइल बा।
  • साल 2025-26 तक पहिला चरण चालू होखे के उम्मीद बा।
  1. "Patna gets Green Signal for Metro Railway – RailNews Media India Ltd". www.railnews.co.in. Archived from the original on 10 मार्च 2016. Retrieved 6 अप्रैल 2018.
  2. IANS (17 जून 2014). "Patna gets nod for metro train". Business Standard India. Archived from the original on 5 अक्टूबर 2017. Retrieved 6 अप्रैल 2018 via Business Standard.