पटना कॉलेज
Appearance
| पटना कॉलेज | |
|---|---|
| स्थापना | 1863 |
| संबद्धता | पटना विश्वविद्यालय |
| लोकेशन | पटना, बिहार, भारत |
| कैंपस | नगरी |
| खेलकूद | क्रिकेट |
| वेबसाइट | Patna College |
पटना कॉलेज के स्थापना ब्रिटिश राज में 1863 मे भइल रहे। ई बिहार के सभसे पुरान शैक्षनिक संस्थानन मे से एगो बाटे। ई पटना विश्वविद्यालय के सहायक महबिद्यालयन मे आवेला।
इतिहास
[संपादन करीं]पटना कॉलेज संउसे बिहार मे उच्च शिक्षा देवे वाला सभसे पुरान कॉलेज हऽ। लमसम पटना के कुलि नीमन कॉलेज हेकरे हिस्सा रहऽसन। हेकर स्थापना 9 जनवरी 1863 के भइल।
