न्यूटन के गति के नियम

विकिपीडिया से

न्यूटनकर गति नियम तीनिगो भौतिक नियम बाड़ऽसन जे एक्के जोरे क्लासिकल मैकेनिक्स कर नेंव राखेलऽसन। एखिनी के बस्तु प लागत बर आ होकर गति के संबंध बतावेलऽसन। पहिलका नियम बर के परिभासा देवेला, दूसरका होकर सूत्र देवेला आ तीसरका ई कहेला की अकेले केवनो बर ना रहि सकेला। ई तीनो नियम नीच्चे लिखल बाड़ऽसन:

पहिलका नियम: कोनो जड़ परसंग परनालि मे, कोनो बस्तु तबले अस्थिर रहेला चाहे एक्के वेग से चलेला, जबले ओहपऽ बहरा से केवनो बर ना लगावल जाला।
दूसरका नीयम: कोनो जड़ परसंग परनालि मे, बस्तु प लगावल सउँसे बर सदिकन के जोड़ ओह बस्तु के भार m आउर परवेग a के गूना होखेला।: F = ma.
तीसरका नियम: जवन खानी एगो बस्तु दोसरा बस्तु प बर लगवेला, ओही खानी दोसरका बस्तु पहिलका प बराबर बर बिपरित दिसा ने लगवेला।

एखिनी के पहिला हाली आइजक न्युटन जी आपन किताब प्रिंसिपिया नेचुरालिस प्रिंसिपिया मेथेमेटीका मे लिखले रहनी जेवन ५ जुलाई १६८४ के छपल रहे।