नोमोनिक प्रोजेक्शन

विकिपीडिया से
नोमोनिक प्रोजेक्शन पर उत्तरी ध्रुव के आसपास के इलाका

नोमोनिक प्रोजेक्शन (अंग्रेजी: Gnomonic projection) एक ठो अइसन नक्शा प्रोजेक्शन हवे जेह पर सगरी ग्रेट सर्किल सभ सीधा लाइन के रूप में देखावल जाला। प्रकाश के स्रोत के ग्लोब के बीच में रखल मान के ग्लोब के सतह से सटल प्लेन पर प्रोजेक्शन कइल मानल जाला।

इतिहास[संपादन करीं]

ई सभसे पुरान प्रोजेक्शन सभ में से एक मानल जाला। लोग के अइसन बिचार बाटे कि थेल्स एकर सभसे पहिले ईसा पूर्व छठवीं सदी में कइलेन।