नोकिया 8

विकिपीडिया से
नोकिया 8
ब्रांडनोकिया
डेवलपरएचएमडी ग्लोबल
मैन्यूफैक्चररएफआइएच मोबाइल
संबंधितनोकिया 3
नोकिया 5
नोकिया 6
प्रकारस्मार्टफोन
डाइमेंशन151.5 मिमी × 73.7 मिमी × 7.9 मिमी (5.96 बाई 2.90 बाई 0.31 इंच)
वजन160 ग्राम
ऑपरेटिंग सिस्टमएंड्रॉइड नॉगट
चिप के सिस्टमक्वालकॉम स्नैपड्रैगन 835
सीपीयूऑक्टा-कोर (4x2.45 GHz & 4x1.9 GHz) क्रयो
जीपीयूअड्रेनो 540
मेमोरी4 GB, 6 GB RAM
स्टोरेज64 GB,128 GB
बाहरी स्टोरेजmicroSD, 256 GB तक
बैटरीस्थाई-फिक्स, 3090 mAh ली-पो
डेटा इनपुट
  • फिंगरप्रिंट स्कैनर,
  • एक्सिलरोमीटर,
  • गाइरोस्कोप,
  • प्रोक्सिमिटी सेंसर,
  • इलेक्ट्रानिक कंपस
  • हाल सेंसर
  • बैरोमीटर
डिस्प्ले5.3" 2560 x 1440p QHD (554 ppi) 2.5D कर्व डिस्प्ले गोरिल्ला ग्लास 5
पछिला कैमरा13 MP (Color + OIS) + 13 MP (Mono) with ZEISS optics, 1.12 μm, f/2.0 एपरचर, 76.9-डिग्री व्यू, PDAF, IR range finder, dual-tone flash
फ्रंट कैमरा13MP PDAF, 1.12 μm, f/2.0 aperture, 78.4-degree view, display flash
साउंडदोहरा स्पीकर, डॉल्बी एटमॉस
कनेक्टिविटी• 3.5 mm TRRS headphone jack
• Bluetooth 5.0
• USB 3.1 via USB Type C port
अन्यNFC, heart rate, IP54 splash resistance
वेबसाइटhttps://www.nokia.com/en_int/phones/nokia-8

नोकिया 8 एगो हाई-एंड स्मार्टफोन बा।[1]एंड्रॉइड नॉगट ऑपरेटिंग सिस्टम वाला फोन, नया नोकिया फोन बनावे वाली कंपनी एचएमडी ग्लोबल के फ्लैगशिप फोन बा।

फोन में बीडियो आ फोटो खींचे के सुबिधा के खास धियान रखल गइल बा। एह में पछिला-कैमरा आ फ्रंट-कैमरा, दुन्नो से एक्के संघे फोटो लिहल जा सके ला। एह सुबिधा के "बोथी" नाँव दिहल जा रहल बा।

हार्डवेयर[संपादन करीं]

नोकिया 8 में क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 835 प्रोसेसर लागल बा, आ एकर दू तरह के वर्शन लांच भइल बा जेह में एक ठो में 4 जीबी रैम आ 64 जीबी इंटरनल मेमोरी बा, जबकि दुसरका में 6 जीबी रैम आ 128 जीबी इंटरनल मेमरी बा। पहिला रूप तीन गो कलर में आई - टेम्पर्ड ब्लू, स्टील आ पौलिश कॉपर जबकि दुसरका पौलिश ब्लू रंग में आई। दुनो में माइक्रोएसडी के रूप में बाहरी मेमोरी चिप लगावल जा सकेला। एह फोन में 5.3" क्यूएचडी डिस्प्ले बा आ गोरिल्ला ग्लास 5 लागल बा।

ई नोकिया के पहिला फोन बा जवना में डुअल-लेंस कैमरा बाटे। पछिला कैमरा में ओआइएस आ डुअल-एलईडी फ्लैश दिहल गइल बा। कैमरा के अउरी बिसेसता एकर ज़ीस ऑप्टिक्स सिस्टम होखल आ 360 डिग्री कैमरा होखल बाटे। यानि एह में एगो नया चीज ई बा कि अगिला आ पछिला, दुन्नो कैमरा सभ के एक्के साथ इस्तेमाल कइल जा सकत बा आ दुनो के इमेज स्क्रीन पर आधा-आधा हिस्सा में देखाई पड़ी। एह फीचर के कंपनी "बोथी" (बोथ माने दुनो) के नाँव से परचारित क रहल बा आ एकरा के "सेल्फी" से आगे के चीज बता रहल बा।

फोन में कई गो माइक लागल बाने आ साउंड रेकार्डिंग भी 360 डिग्री के बा। मतलब कि कैमरा से कौनो रेकार्डिंग करत समय आवाज केहर से आइल ई रेकार्डिंग के देखत समय भी महसूस कइल जा सकी।

साफ्टवेयर[संपादन करीं]

नोकिया 3, नोकिया 5 आ नोकिया 6 के नियर, इहो फोन एंड्रॉइड 7.1.1 "नॉगट" ऑपरेटिंग सिस्टम पर बाटे। एकरे कैमरा संबंधी एप्लीकेशन कुछ अलग किसिम के बा जवना से दुनो कैमरा सभ के एक साथ इस्तेमाल हो सके। नोकिया लूमिया सीरीज के ग्लांस स्क्रीन जइसन, एहू में आलवेज-ऑन, यानी हमेशा ऑन वाला डिस्प्ले सिस्टम दिहल गइल बा।

बजार[संपादन करीं]

कंपनी एह फोन के सैमसंग आ एप्पल नियर कंपनी सभ के टक्कर देवे वाला मोबाइल के रूप में बजार में ले आइल बा। कंपनी के मुख्य रिसर्च अधिकारी बेन वुड के कहनाम बा कि "एह फोन में कुछ इनोवेटिव फीचर बाने जइसे कि डुअल-साइट कैमरा आ 360 डिग्री ऑडियो रेकार्डिंग बाकी ई अबहिन साफ नइखे (बुझात) कि ई सैमसंग आ एप्पल नियर स्थापित प्रतिद्वंदी सभ से ग्राहक लोग के ललचावे खातिर गेम-चेंजिंग फीचर बा कि ना।"[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "आया नोकिया-8, 'बोथी' के साथ हैं कई खूबियां - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2017-08-17.
  2. Samuel Gibbs (1970-01-01). "Nokia 8 hopes to beat Apple and Samsung with 'bothie', a new version of the selfie | Technology". The Guardian. Retrieved 2017-08-17.