Jump to content

नेहा कक्कड़

विकिपीडिया से
नेहा कक्कड़
2016 में नेहा कक्कड़
2016 में नेहा कक्कड़
Background information
Born (1988-06-06) 6 जून 1988 (उमिर 38)[1][2]
Originभारत
Genresबॉलीवुड म्यूजिक
Occupationगायिका
Years active2006–अबतक
Labels
Websitewww.nehakakkar.com

नेहा कक्कड़ (जनम 6 जून 1988) एगो भारतीय गायिका बाड़ी। गायिका के रूप में कक्कड़ 2006 में भारतीय टीवी शो इंडियन आइडल के सीजन 2 में भागीदार रहली आ सुरुआती कुछ दौर के बाद बाहर हो गइल रहली। 2014 में ई कामेडी सर्कस के तानसेन नाँव के प्रोग्राम में देखलाई पड़ली जे सोनी टीवी पर परसारित भइल। ज़ी टीवी के कार्यक्रम, सा रे ग म पा के लिल चैंप्स में जज के भूमिका में रहली।

साल 2008 में, ई आपन पहिला एल्बम निकलली, नेहा-दि रॉक स्टार, एकर म्यूजिक कंपोजर मीत ब्रदर्स रहलें। कक्कड़ के गावल गाना सभ में हनी सिंह के साथै "सन्नी सन्नी", "मनाली ट्रांसे", "आओ राजा", मेइयांग चांग के साथे "धातिंग नाच", "लंडन ठुमका", "हान्जू", आ गिप्पी ग्रेवाल के साथै "पट्ट लेंगे" प्रमुख बाड़ें।

  1. India.com Entertainment Desk (6 जून 2016). "Neha Kakkar birthday special: The Queen of blockbuster hits turns 28". India.com. Retrieved 17 दिसंबर 2017.
  2. Naziya Alvi (19 जून 2006). "Idol-finalist dejected after 'death'". हिंदुस्तान टाइम्स. Retrieved 17 दिसंबर 2017.