नेपाल के झंडा
के झंडा | |
| इस्तमाल | राष्ट्रीय झंडा |
|---|---|
| अनुपात | नीचे देखीं |
| अंगीकार | दिसम्बर 16, 1962 |
| डिजाइन | दुगो लाल रंग के त्रिकोण आ नीला रंग के किनारे के साथ में आधा चाँद आ सूरज मिलाके |
नेपाल के झंडा के दूसर प्रकार के झंडा | |
| इस्तमाल | 1962 से पहिले के पुरान झंडा |
नेपाल के राष्ट्रीय झंडा विश्व के एक मात्र अइसन झंडा ह जवन चौकोर या आयताकार नइखे जवन दुगो त्रिकोणिय आकार के ऊपर नीचे रख के बनावल गइल बा। विश्व में एगो अउर झंडा बा जवन चौकोर नइखे उ ह अमेरिका के ओहाइयो के झंडा। नेपाल के राष्ट्रिय झंडा के ऊपरला त्रिकोण में एगो आधा चाँद आ निचला वाली त्रिकोण में एगो सूरज अंकित बा जेकर मतलब बतावल जाला कि जब तक सूरज-चाँद रही तब ले पृथिवी पर नेपाल के अस्तित्व रही। इ झंडा के किनारा नीला रंग के बा जवन शान्ति के प्रतिक ह। झंडा के बीच के भाग गहरा लाल रंग के बा जवन नेपाल के राष्ट्रीय रंग ह। नेपाल के राष्ट्रीय फूल गुराँस भी एहि रंग के बा। गहरा लाल विजय के प्रतिक भी ह। 1962 तक नेपाल के झंडा पर चाँद आ सूरज पर चेहरा बनल होत रहल। झंडा के आधुनिकीकरण करे खातिर झंडा के चाँद आ सूरज पर से चेहरा के हटा दिहल गइल लेकिन फिर भी राजा आपन झंडा पर चाँद आ सूरज पर चेहरा के प्रयोग राजतंत्र खत्म होखला (2008) तक करत रहले। इ झंडा के 16 दिसम्बर 1962 के अपनावल गइल जब देश के नया संविधान लिखल गइल।[1] ई अनोखा त्रिकोणिय झंडा शताब्दियों से नेपाल में प्रयोग में चलत रहल लेकिन द्वि त्रिकोणिय झंडा के इस्तेमाल 19 वीं शताब्दि से चलन में आइल। झंडा के आज के स्वरुप एकर प्राथमिक स्वरुप से लिहल गइल बा, जेकर प्रयोग 2000 साल पहिले से हो रहल बा।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Flag of Nepal | Meaning, Colors & Facts | Britannica". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-08-29.
| ई नेपाल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |