नया साल
Appearance
(नव वर्ष से अनुप्रेषित)
नया साल ऊ समय होला जबसे कौनों कैलेंडर में साल के दिन गिने के सुरुआत होखे ला। भोजपुरी क्षेत्र क नया साल चइत के नवरातर के पहिला दिन से सुरु होला, हिंदू पतरा के हिसाब से चइत महीना के अँजोर के एक्कम तिथि से एकर सुरुआत होला। अंग्रेजी कैलेंडर में नया साल के सुरुआत पहिली जनवरी से होला, एकरा के न्यू इयर्स डे के रूप में मनावल जाला, जहाँ-जहाँ ई कैलेंडर चलन में बाटे। एही तरीका से अलग-अलग संस्कृति सभ में आ इलाका सभ में नया साल ओहिजे चलनसार कैलेंडर के हिसाब से सुरू होखे लें।
साल के परिभाषा होला, ऊ समय जेतना देरी में पृथिवी सुरुज के चारो ओर एक चक्कर लगा लेवे ले। एह चक्कर लगावे में लगभग 365.25 दिन के समय लागे ला। हालाँकि, साल में दिन गिने के सुरुआत कवना दिन से होखे ई अलग-अलग कैलेंडर के हिसाब से अलग-अलग होला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |