Jump to content

थावें

विकिपीडिया से

थावें चाहे थावे कहल जाला भारत के बिहार राज्य के गोपालगंज जिला में एगो माझिल आकार के गाँव बाटे। इ गाँव आसपास के इलाका के हिंदू बिस्वासियन खातिर एगो लोकप्रिय तीर्थस्थल बाटे काहे कि इ में एगो उल्लेखनीय देवी मंदिर थावे मंदिर बाटे। ई जगह जिला मुख्यालय गोपालगंज से लगभग 6 किलोमीटर दक्खिन-पश्चिम में स्थित बाटे।

जनसांख्यिकी

[संपादन करीं]

2011 तक, गाँव के कुल जनसंख्या 643 बाटे।[1]

थावे में एगो रेलवे स्टेशन, थावे जंक्शन बा, जे उत्तर पूर्वी रेलवे के अंतर्गत आवेलाl। ई जंक्शन गोरखपुर से लगभग 71 किमी दूर बाटे। [2] ई गोरखपुर - कप्तानगंज - पड़रौना- सिवान लाइन पर पड़े ला।

थावें जिला मुख्यालय गोपालगंज से लगभग 6 किलोमीटर दक्षिण-पश्चिम में नेशनल हाइवे 531 के साथे स्थित बा जे ई जगह के गोपालगञ्ज आ छपरा दुनु से जोड़ल बा आ पड़रौना से 70 किलोमीटर दूर बा।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Thawe Village Population - Thawe - Gopalganj, Bihar". Retrieved 13 January 2017.
  2. Shaikh, Azar S. "Trains to THE/Thawe Junction Station - 13 Arrivals NER/North Eastern Zone - Railway Enquiry". Retrieved 13 January 2017.