तस्मान ग्लेशियर
तस्मान ग्लेशियर | |
---|---|
![]() ग्लेशियर के ऊपरी हिस्सा | |
प्रकार | पहाड़ी हिमानी |
लोकेशन | न्यूजीलैंड |
निर्देशांक | 43°37′S 170°12′E / 43.617°S 170.200°Eनिर्देशांक: 43°37′S 170°12′E / 43.617°S 170.200°E |
रकबा | 101 किमी2 (1.09×109 वर्ग फु) |
लंबाई | 27 किमी (17 मील) |
मोटाई | 600 मी (2,000 फीट) |
अंतिम माथ | तस्मान झील |
इस्थिति | लौटान पर बा |
तस्मान ग्लेशियर (अंगरेजी: Tasman Glacier)[1] न्यूजीलैंड के कई ठो ग्लेशियर सभ में से सबसे बड़हन ग्लेशियर हवे जवन दक्खिनी आल्प्स से निकल के दक्खिन-पूरुब के दिसा में मैकेंजी बेसिन के ओर बहे ला। ई न्यूजीलैंड के साउथ आइलैंड पर स्थित बाटे आ न्यूजीलैंड के सबसे लंबा ग्लेशियर भी हवे।
भूगोल[संपादन]
27 किलोमीटर (17 मील) के लंबाई वाला ई हिमानी न्यूजीलैंड के सबसे लंबा हिमानी बाटे।[2][3][4] ई अधिकतम It is as much as 4 किलोमीटर (2.5 मील) चौड़ा आ 600 मीटर (2,000 फीट) मोटाई लिहले, पूरा तौर पर माउंट कुक नेशनल पार्क के अंदर स्थित बाटे। ई हिमानी लगभग 101 वर्ग किलोमीटर (39 वर्ग मील) पर बिस्तार लिहले बाटे आ ई समुंद्र तल से 3,000 मीटर (9,800 फीट) ऊँचाई से शुरू होले। जाड़ा में 50 मीटर (160 फीट) मोट बरफ पड़े ला आ गर्मी में पघिलाव के बाद 7 मीटर (23 फीट) बरफ बच जाला जवना से ई ग्लेशियर रिचार्ज होला।[3]
एकरे पूरबी किनारे पर माउंट तस्मान आ माउंट कुक परबत बाड़ें।
हाल के लौटान[संपादन]

सन् 1990 के बाद से ई ग्लेशियर में 180 मीटर (590 फीट) सालाना के दर से लौटान भइल बाटे आ हाल में एह में तेजी भी दर्ज कइल गइल बाटे। जवन अब 477 से 822 मीटर (1,565 से 2,697 फीट) सालाना नापल गइल बा। इहो गणना कइल गइल बा की अबसे 10 से 19 बरिस के बाद ई ग्लेशियर पूरा खतम हो जाई आ एकरे अंतिम छोर पर मौजूद प्रोग्लेशियल झील, तस्मान झील अपने अधिकतम बिस्तार वाली हो जाई। 1973 ले ई ग्लेशियर के कौनों टर्मिनल झील ना रहे आ 2008 ले आवत आवत तस्मान झील 7 किलोमीटर (4.3 मील) लंबी, 2 किलोमीटर (1.2 मील) चौड़ाई वाली, आ 245 मीटर (804 फीट) गहिरा झील हो गइल।[5]
इहो देखल जाय[संपादन]
संदर्भ/नोट[संपादन]
- ↑ "Place Name Detail: तस्मान ग्लेशियर". New Zealand Geographic Placenames Database. Land Information New Zealand. पहुँचतिथी 29 दिसंबर 2015..
- ↑ "Aoraki/Mount Cook National Park". Tourism New Zealand. पहुँचतिथी 29 दिसंबर 2015.
- ↑ 3.0 3.1 "Aoraki/Mount Cook Education Resource" (PDF). Department of Conservation. 2009. प. 8. पहुँचतिथी 29 दिसंबर 2015.
- ↑ एह में न्यूजीलैंड के दावा वाला अंटार्कटिका के हिमानी के छोड़ के गिनल जाय तब।
- ↑ "Tasman Glacier retreat extreme". Massey University. 23 अप्रैल 2008. पहुँचतिथी 29 दिसंबर 2015.
अउरी पढ़ल जाय[संपादन]
- Satellite Image Atlas of Glaciers of the World, Glaciers of New Zealand, Chinn, T.H., USGS Professional Paper 1386, 1988.
बाहरी कड़ी[संपादन]
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया तस्मान ग्लेशियर पर मौजूद बा। |
- Department of Conservation - Tasman Valley walking tracks