डेनमार्क जलजोड़ के झरना

विकिपीडिया से
डेनमार्क जलजोड़ के नक्शा पर लोकेशन

डेनमार्क जलजोड़ के झरना (अंग्रेजी: Denmark Strait cataract) समुंदर के भीतर मौजूद एगो झरना बाटे। ई अटलांटिक महासागर में आर्कटिक घेरा के लगे आइसलैंड आ ग्रीनलैंड के बीचा में बाटे। एक तरीका से एकरा के दुनियाँ के सभसे बड़हन झरना मानल जाला[1] जहाँ पानी लगभग 3,505 मीटर (11,499 फीट) नीचे गिरे ला। एकर निर्माण अलग-अलग घनत्व के पानी के मिले से होला जहाँ ठंढा भारी पानी तेजी से नीचे के ओर बइठे ला।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. US Department of Commerce, National Oceanic and Atmospheric Administration. "Where is Earth's Largest Waterfall?". oceanservice.noaa.gov (अमेरिकी अंग्रेजी में). Retrieved 14 जनवरी 2021.
  2. John Mitchinson; John Lloyd; Andrew Hunter Murray; James Harkin (September 23, 2015). The QI Third Book of General Ignorance. London, England: Faber & Faber. p. 1. ISBN 9780571308989.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]