डायरिया

विकिपीडिया से

डायरिया अइसन दसा हवे जेह में एक दिन में कम से कम तीन बेर चाहे अउरी बेसी बेर पातर, ढीला चाहे एकदम पानी मतिन दस्त होखे। ई दसा कई दिन ले चल सके ला आ अक्सरहा एकरा चलते शरीर में पानी के कमी (डिहाइड्रेशन) हो सके ला।

एकर सभसे मुख्य कारन आँत में होखे वाला इंफेक्शन होला। गैस्ट्रोएंटेराइटिस (मुँह-पेट चलल) आम बेमारी के दसा हवे जेह में डायरिया के लच्छन सोझा आवे लें।