गैस्ट्रोएंटेराइटिस

विकिपीडिया से

गैस्ट्रोएंटेराइटिस (अंग्रेजी: gastroenteritis) चाहे गैस्ट्रो (gastro), जेकरा भोजपुरी में मुँह-पेट चलल चाहे कय-दस्त होखल कहल जाला, पेट संबंधी एगो बेमारी के दसा हवे जेह में आँत आ पेट (स्टमक) के इन्फेक्शनइन्फ्लेमेशन हो जाला। एकरा मेन लच्छन सभ में डायरिया (बेर-बेर पातर दस्त होखल), उल्टी आ पेट गड़ल शामिल होखे लें। बोखार, कमजोरी आ शरीर में पानी के कमी हो सके ला। टिपिकल केस सभ में ई दू हप्ता से कम समय ले रहे ला।

गैस्ट्रोएंटेराइटिस के ई समस्या आमतौर प वाइरस द्वारा होखे ला; हालाँकि, आंत के बैक्टीरिया, पैरासाईट आ फंगी सभ के कारन से भी ई रोग के दसा पैदा हो सके ला। छोट लइकन में ई दसा अकसरहा रोटावाइरस के चलते होखे ला।