डकडकगो

विकिपीडिया से
DuckDuckGo
साइट के प्रकार
वेब सर्च इंजन
भाषाकई भासा में
मुख्यालय20 पाओली पाइक, पाओली, पेंसिलवेनिया, अमेरिका
सर्विस के इलाकादुनियाभर
मालिकDuck Duck Go, Inc.[1]
निर्माताGabriel Weinberg
वेबसाइटduckduckgo.com
अलेक्सा रैंकIncrease 267 (20 जुलाई 2018 तक ले )[2]
कॉमर्शियलYes
रजिस्ट्रेशनNone
लॉन्च भइलसितंबर 25, 2008; 15 साल पहिले (2008-09-25)
वर्तमान स्थितिActive
प्रोग्रामिंग भाषापर्ल, जावास्क्रिप्ट, पाइथन[3]

डकडकगो (DuckDuckGo; उच्चारण: डक डक गो) एगो इंटरनेट आधारित सर्च इंजन बाटे। ई सर्च इंजन सर्च करत समय प्राइवेसी के रच्छा करे आ अउरी किसिम के सिक्योरिटी के ऊपर जोर देला। एह सर्च इंजन के जोर बा कि केहू सर्च करे वाला के निजी पसंद अनुसार सर्च के रिजल्ट छान के न देखावल जाय बलुक केहू भी कौनों शब्द भा वाक्य के सर्च करे, सभका के एकही सर्च रिजल्ट लउके। यानी खोज के परिणाम में निजी पसंद अनुसार बदलाव भा अलगाव न होखे। एह तरीका से ई फिल्टर बबल से बचावे ला - जवन कि अइसन स्थिति हवे जेह में खोज करे वाला अपने खोज के इतिहास के कारन कुछ ख़ास किसिम के रिजल्ट देख पावे ला आ बाकी रिजल्ट से बंचित रह जाला।

एकरे अलावा ई सर्च इंजन सभसे बेहतर रिजल्ट देवे के दावा करे ला, ई ना कि सभसे ढेर रिजल्ट देवे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Duck Duck Go, Inc.: Private Company Information". Bloomberg L.P. Retrieved 2 May 2017.
  2. "Duckduckgo.com Traffic Statistics". Alexa Internet. Archived from the original on 29 October 2019. Retrieved 20 July 2018.
  3. "Architecture". DuckDuckGo Community Platform. Retrieved मार्च 6, 2015.