| I.
|
लेख पर हटावे के नामांकन के टैग लगाईं
- लेख में सबसे ऊपर
{{subst:afd1}} जोड़ दीं।
- अगर लेख पहिले भी हचर्चा खाती नामांकित कइल गइल बा,
{{subst:afdx|2सरा}} या {{subst:afdx|3सरा}} इत्यादि के इस्तेमाल करीं।
- एह संपादन के छोट संपादन मत चिन्हित करीं।
- संपादन सारांश में साफ लिखीं
लेख हचर्चा: हटावे के नामांकन; देखीं[[वि:हटावे खातिर लेख/नामांकननाँव]]। आ नामांकननाँव के जगह नामांकन कइल जा रहल पन्ना के पूरा नाँव लिखीं।
- नामांकननाँव आम दसा में पन्ना के नाँव होला (
PageName), बाकी अगर ई पन्ना पहिलहूँ नामांकित भइल बा, तब "PageName (2सरा नामांकन)" या "PageName (3सरा नामांकन)" इत्यादि इस्तेमाल करीं)
- आप "धियानसूची में डालीं" बक्सा के चेक (सही के निसान) क के एकरा के अपना धियानसूची में जोड़ सकत बानी। एह से आपके पता करे में आसानी होखी कि एह पन्ना पर आगे का संपादन भइल, कहीं टैग हटा त ना दिहल गइल।
- पन्ना सहेज दीं।
|
| II.
|
चर्चा पन्ना बनाईं
लेख पर हचर्चा बक्सा में आपके "प्रीलोड चर्चा" के बटन लउकी।
- कड़ी के क्लिक करे पर चर्चा पन्ना संपादन खाती खुल जाई आ कुछ पाठ आ निर्देस देखाई पड़े लागी।
- नामांकन के कारण लिखीं, आ उचित श्रेणी जोड़ीं (निर्देस ओही पन्ना पर लिखल मिली)।
या
- जवन कड़ी "एह लेख के एंट्री" के नाँव से लउकत बाटे, ओह पर क्लिक क के चर्चा पन्ना खोलीं
- नीचे दिहल रूप में चीज भरीं:
{{subst:afd2 | pg=पन्नानाँव | cat=श्रेणी | text=काहें एह पन्ना के हटावल जाय}} ~~~~ एह मेंपन्नानाँव के जगह पन्ना के नाँव लिखीं, श्रेणी के जगह लिस्ट M, O, B, S, W, G, T, F, आ Pमें से कवनो चुनीं, आ काहें एह पन्ना के हटावल जाय के जगह कारण लिखीं की काहें आप हटावे के नामांकन करत बानी, कि पन्ना के हटावल जाय।
- आप "धियानसूची में डालीं" बक्सा के चेक क सकत बानी ताकि चर्चा पर नजर रख सकीं।
- संपादन सारांश कुछ अइसन होखे के चाहीं
[[PageName]] के हटावे खातिर चर्चा पन्ना बनावल गइल
- पन्ना सहेज दीं।
|