टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 27/2021

विकिपीडिया से
सेंट पीटर्स बसिलिका

सेंट पीटर्स बसिलिका पोप के निवास वेटिकन सिटी में एगो चर्च बा। रेनासां इस्टाइल में बनल ई चर्च 1506 से 1626 के बीचा में बन के पूरा भइल। अंदरूनी जगह के हिसाब से ई दुनिया के सभसे बड़हन चर्च हवे। कैथोलिक ईसाई लोगन के सभसे पबित्र तीरथ सभ में गिनल जाला आ अपना जमाना के सभसे बेहतरीन बिल्डिंग सभ में गिनल जाला।

फोटो में एकरे सोझा के हिस्सा देखावल गइल बा आ ऊपर गुंबद देखात बाटे, जइसन की ई सेंट पीटर्स चौराहा से देखले पर लउके ला।

फोटो: Joaquim Alves Gaspar

  • हाल में देखावल गइल: