टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 25/2020

विकिपीडिया से
भूअर कानवाली बुलबुल

भूअर कानवाली बुलबुल (Hypsipetes amaurotis) एक किसिम के बुलबुल चिरई हवे जे माझिल साइज के होखे ले आ ई पुरबी एशिया के मूल निवासी चिरई हवे। एकर लंबाई लगभग 28 सेमी (11 इंच) तक ले हो सके ले, ई मटियाहूँ-भूअर रंग के होले आ एकरे कान के लगे भूअर रंग के चकत्ती होला, छोटहन नोकीला मुकुट होला आ लमहर पोंछ होले। ई जंगल के चिरई हवे जे घन पेड़ सभ के बीचा में रहे ले, हलाँकि, बागान, पार्क आ बगइचा सभ में भी देखल जा सके ले। गर्मी के एकर मुख्य भोजन छोट किरौना होलें जबकि जाड़ा में ई मुख्य रूप से फल आ दाना खा के रहे ले। ई फोटो जापान के होंशू प्रांत में लिहल गइल रहे।

फोटो: Laitche

  • हाल में देखावल गइल: