भूअर कानवाली बुलबुल

विकिपीडिया से

भूअर कानवाली बुलबुल
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): पासरिफ़ार्मेस
परिवार: Pycnonotidae
जाति (Genus): Hypsipetes
प्रजाति: H. amaurotis
दूपद नाँव
Hypsipetes amaurotis
(Temminck, 1830)
अउरी दूसर नाँव
  • Turdus amaurotis Temminck, 1830
  • Ixos amaurotis (Temminck, 1830)
  • Microscelis amaurotis[2]

भूअर-कानवाली बुलबुल (Brown-eared bulbul; Hypsipetes amaurotis) एक किसिम के बुलबुल हवे जे पूरबी एशिया में बहुतायत से मिले ले। ई पूरबी एशिया के मूल निवासी चिरई हवे आ अपने निवास क्षेत्र के उत्तरी हिस्सा में बहुत संख्या में मिले ले। ई सखालीन प्रायदीप से ले के फिलिपींस ले के इलाका के पावल जाले।

एकर लंबाई लगभग 28 सेमी (11 इंच) तक ले हो सके ले, ई मटियाहूँ-भूअर रंग के होले आ एकरे कान के लगे भूअर रंग के चकत्ती होला, छोटहन नोकीला मुकुट होला आ लमहर पोंछ होले। ई जंगल के चिरई हवे जे घन पेड़ सभ के बीचा में रहे ले, हलाँकि, बागान, पार्क आ बगइचा सभ में भी देखल जा सके ले। गर्मी के एकर मुख्य भोजन छोट किरौना होलें जबकि जाड़ा में ई मुख्य रूप से फल आ दाना खा के रहे ले।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. बर्डलाइफ़ इंटरनेशनल (2017). "Hypsipetes amaurotis". खतरा में प्रजाति सभ के आइयूसीएन लाल सूची. 2017: e.T22713192A111070217. doi:10.2305/IUCN.UK.2017-1.RLTS.T22713192A111070217.en.
  2. Gregory (2000)

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

विकिमीडिया कॉमन्स पर Hypsipetes amaurotis से संबंधित मीडिया