टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 24/2018

विकिपीडिया से
पीसा के ओरमल मीनार

पीसा के ओरमल मीनार इटली के पीसा शहर के चर्च के घंटा वाला मीनार हवे। पूरा दुनियाँ भर में ई एह अपना ओरमल होखे के कारन मशहूर हवे। एह मीनार के एक ओर ओरमे के सुरुआत 12वीं-सदी में एकरे बनते घरी भ गइल रहे। कारन एकरा नेंइ के गलत इंजीनियरी के बतावल जाला जेम्में एह बात के धियान ना रखल गइल कि एक ओर जमिनिया नरम बा आ पूरा वजन ना उठा पाई। बने के बादो एकर ओरमल चालू रहल आ फिर ई रुकि गइल। बाद में एकरा के कम करे आ मीनार के अस्थाई बनावे के कई बेर काम भइल आ वर्तमान में ई मीनार एक ओर से 55.86 मीटर (183.27 फीट) आ दुसरे ओर से 56.67 मीटर (185.93 फीट) ऊँचाई वाला बा। एकरा के 1987 में यूनेस्को के बिस्व धरोहर सभ में सामिल कइल गइल।

फोटो: Saffron Blaze

  • हाल में देखावल गइल: