टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 17/2020

विकिपीडिया से
Polar bear

ध्रुवीय भालू (Ursus maritimus) एक किसिम के अतिमांसाहारी भालू हवे जे आर्कटिक इलाका के निवासी हवे। ई मुख्य रूप से समुंद्री सील सभ के शिकार करे लें। समुंदर में उतिरात बरफ के टुकड़ा पर ई दूर-दूर ले जा सके लें, बहुते मजबूत पँवराक होखे लें। फोटो में एगो अइसन ध्रुवीय भालू देखावल गइल बा जे खाना के कमी के चलते बहुत कमजोर भ गइल बाटे। ई फोटो नार्वे के स्वालबार्ड इलाका से लिहल गइल बा।

एह भालू सभ पर सभसे बड़ खतरा इनहन के निवास अस्थान के पर्यावरण के बिनास बा जेकरा चलते इनहन पर संकट आ गइल बा। अइसन बिनास बैस्विक गरमाव के चलते मानल जा रहल बाटे।

फोटो: Andreas Weith

  • हाल में देखावल गइल: