टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता ३२/२०१६

विकिपीडिया से
मैंडारिन बत्तख

एक ठो नर आ मादा मैंडारिन बत्तख के जोड़ा, यूनाइटेड किंगडम के लंकाशायर के एक ठो झील के किनारे। ई जोड़ा चिरई सभ के कौनों एगो प्रजाति में लैंगिक बिसमरूपता के नीक उदाहरण बाटे। सफ़ेद पेट आ चटक रंग वाला आ लाल ठोर वाला नर हवे आ मटियाहूँ रंग के लउके वाली मादा हऽ।

कौनों ज़माना में ई चिरई पूरबी एशिया में बहुतायत में पावल जाय, बाकी बड़ा पैमाना पर जंगल के कटाई के चलते आवास क्षेत्र के बिनास होख्ले के कारण इनहन के संख्या में कमी आइल बाटे। यूरोप के कुछ इलाका सभ में, खास तौर पर ब्रिटेन में, ई आदमी लोग द्वारा ले जाइल गइल आ ओहिजा के निवासी बन गइल आ अब इन्हन के पर्याप्त जनसंख्या इहाँ पावल जाले।

फोटोग्राफर:फ्रांसिस सी॰ फ्रेंकलिन

  • हाल में देखावल गइल: