टेम्पलेट:हप्ता के फोटो/हप्ता 11/2020

विकिपीडिया से
हप्ता के फोटो
यूरी गगारिन

यूरी गगारिन (9 मार्च 1934 – 27 मार्च 1968) सोवियत एयर फोर्स के पायलट आ अंतरिक्षयात्री रहलें जे बाहरी अंतरिक्ष में जात्रा करे वाला पहिला ब्यक्ति बनलें; इनके अंतरिक्ष कैप्सूल जेकर नाँव वोस्टोक-1 रहल 12 अप्रैल 1961 के पृथ्वी के चारों ओर आपन पहिला चक्कर पूरा कइलस। गगारिन अपना एह उपलब्धी के चलते अंतर्राष्ट्रीय सेलिब्रिटी बन गइलें आ उनके "हीरो ऑफ़ दि सोवियत यूनियन" के अवार्ड दिहल गइल। 1967 में ई सोयुज-1 के बैकप दल के हिस्सा रहलें आ ई यान के दुर्घटना भ गइल जेकरा चलते सोवियत रूस के प्रशासक लोग इनके अंतरिक्ष जात्रा पर जाए से रोक दिहल जवना से कि अइसन जानल-मानल ब्यक्ति के कौनों दुर्घटना में मौत न हो जाय। हालाँकि, अगिला साल एगो मिग-15 हवाई जहाज के उड़ान के दौरान इनकर निधन भ गइल।

गगारिन के ई फोटो जुलाई 1961 में एगो कांफ्रेंस में लिहल गइल रहे जब ऊ फिनलैंड के दौरा पर रहलें, अपने अंतरिक्ष जात्रा के लगभग तीन महीना बाद।

फोटो: आर्तो जॉउसी; एडम कुएर्डेन द्वारा सुधारल गइल।
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...