यूरी गगारिन
यूरी गगारिन | |
|---|---|
| Юрий Алексеевич Гагарин | |
Gagarin in Helsinki, 1961 | |
| Born | Yuri Alekseyevich Gagarin 9 मार्च 1934 |
| Died | 27 मार्च 1968 (उमिर 34) Novosyolovo, Russian SFSR, Soviet Union |
| Resting place | Kremlin Wall Necropolis |
| Citizenship | Soviet |
| Occupations | Pilot, cosmonaut |
| Height | 157 cm (5 ft 2 in) |
| Awards | |
| Soviet cosmonaut | |
| रैंक | |
अंतरिक्ष में समय | 1 घंटा, 48 मिनट |
| सेलेक्शन | Soviet Air Force Group 1 |
| मिशन | Vostok 1 |
| Signature | |
यूरी अलेक्सेयेविच गगारिन (9 मार्च 1934 – 27 मार्च 1968) सोवियत एयर फोर्स के पायलट आ अंतरिक्षयात्री रहलें जे बाहरी अंतरिक्ष में जात्रा करे वाला पहिला ब्यक्ति बनलें; इनके अंतरिक्ष कैप्सूल जेकर नाँव वोस्टोक 1 रहल जे 12 अप्रैल 1961[1] के पृथिवी के चारों ओर आपन पहिला चक्कर पूरा कइलस। गगारिन अपना एह उपलब्धी के चलते अंतर्राष्ट्रीय सेलिब्रिटी बन गइलें आ उनके "हीरो ऑफ़ दि सोवियत यूनियन" के अवार्ड दिहल गइल। 1967 में ई सोयुज 1 के बैकप दल के हिस्सा रहलें आ ई यान के दुर्घटना भ गइल जेकरा चलते सोवियत रूस के प्रशासक लोग इनके अंतरिक्ष जात्रा पर जाए से रोक दिहल जवना से कि अइसन जानल-मानल ब्यक्ति के कौनों दुर्घटना में मौत न हो जाय। हालाँकि, अगिला साल एगो मिग 15 हवाई जहाज के उड़ान के दौरान इनकर निधन भ गइल।
गगारिन के ई फोटो जुलाई 1961 में एगो कांफ्रेंस में लिहल गइल रहे जब ऊ फिनलैंड के दौरा पर रहलें, अपने अंतरिक्ष जात्रा के लगभग तीन महीना बाद।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Wilson, Jim (2011-04-13). "Yuri Gagarin: First Man in Space" (अंग्रेजी में). NASA. Archived from the original on 2023-03-14. Retrieved 2023-03-27.
| ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |