Jump to content

जुआ

विकिपीडिया से
(जुआरी से अनुप्रेषित)

जुआ (अंग्रेजी: gambling) चाहे बाजी लगावल (अंग्रेजी: betting), कौनों खेल भा घटना के अनिश्चित परिणाम में से कौनों एगो पर दाँव लगावल भा बाजी हवे जेह में सीधे रूपया-पइसा चाहे अउरी कवनो कीमती जिंस के दाँव पर लगावल जाला ताकि घटना भा खेल के परिणाम आवे पर जीत हासिल होखे। एकर सभसे पॉपुलर उदाहरण खेल में सट्टेबाजी बाटे जहाँ कौनों खेल - क्रिकेट, कुश्ती चाहे अउरी खेल सभ - के रिजल्ट का होखी, एह बात पर दाँव लगावल जाला। एकरे अलावा बीबिध किसिम के घटना सभ जइसे कि इलेक्शन के रिजल्ट पर दाँव लगावल सट्टा बजार में आम बात बाटे।

अइसन दाँव भा बाजी लगावल कई देसन में कानून बना के कंट्रोल कइल जाला। कुछ मामिला आ देसन में कुछ किसिम के सट्टेबाजी आ जुआ लीगल मानल जाला जबकि बहुत सारा देसन में जुआ आर्थिक-सामाजिक अपराध (क्राइम) के कटेगरी में आवे ला। उदाहरण खातिर बहुत सारा देसन में कैसीनो चलावल जायज बाटे जबकि कई सारा देसन में एह्पर कानूनी रोक बाटे।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]