सट्टेबाजी

विकिपीडिया से

सट्टेबाजी, खेल सट्टेबाजी (अंग्रेजी: sports betting), चाहे खेल में सट्टा एक किसिम के गतिबिधि हवे जेह में खेल के रिजल्ट के ऊपर दाँव लगावल जाला आ जीते के कोसिस कइल जाला।

ई कानूनी भा गैरकानूनी, दुनों तरीका से, सट्टेबाज लोगन के माध्यम से रुपया-पइसा दाँव पर लगा के खेलल जाला आ कुछ दशा में जुआ के एगो किसिम हवे। कुछ जगहन पर एकरा खातिर कानून बनावल गइल बाड़ें जेकरा दायरा में ई काम लीगल भा कानूनी रूप से जायज मानल जाला जबकि अन्य दशा में ई अपराध के कटेगरी में गिनल जाला।

खेल में सट्टेबाजी से जुड़ल कई ठे स्कैंडल आ कांड हो चुकल बाड़ें। सट्टेबाजी के चलते मैच-फिक्सिंग आ स्पॉट-फिक्सिंग नियर घटना देखे में आइल बाड़ी स।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]