जनता

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

जनता भा पब्लिक ब्यक्ति लोग के समूह भा मंडली के कहल जाला। आम जनता के मतलब होला कौनों इलाका के सगरी लोग, बिना कौनों भेदभाव भा बिसेस आधिकार के। अइसन सगरी चीज जवना पर जनता के अधिकार होला सार्वजनिक भा पब्लिक चीज कहल जाला, उदाहरण खाती पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर

जहाँ जनता के आपन सरकार चुने के अधिकार होला, अइसन चुनल गइल सरकार वाली ब्यवस्था के जनतंत्र कहल जाला। आम जनता के खाती काम करे वाला बिचारधारा के जनवादी बिचारधारा कहल जाला।