छंद
कबितई में छंद, वर्ण (सिलेबल) आ मात्रा के निश्चित बेवस्था के हिसाब से रचल कबिता ह; साथे-साथ कौनो कबिता के लाइन में वर्ण आ मात्रा के निश्चित बेवस्था के भी छंद चाहे छंद बिधान कहल जाला। ई बेवस्था कबिता के लय, गति, उच्चारण आ ध्वनिगत परभाव के निश्चित करे ला।
मूल रूप से छंद (संस्कृत: छन्दः) वेद अध्ययन के छह ठे वेदांग सभ में से एक रहल। एहमें संस्कृत कविता के लय आ मात्रा–विधान के पढ़ाई होखे। ई ज्ञान–शाखा वेद रचना के केंद्र में रहल। वेद — जवन हिंदू धर्म के मूल ग्रंथ मानल जाला — एतना छंद पर आधारित बाड़ें कि बाद के कुछ हिंदू आ बौद्ध ग्रंथ त वेद के “छन्दस्” कहि के संबोधित करे लगलें। लौकिक संस्कृत में ई परंपरा चलत रहल आ लगभग सगरी संस्कृत कबिता के रचना छंद बिधान के हिसाब से भइल। आगे चल के इहे बिधान बाद के भारतीय आर्य भाषा सब में चलत चल आइल आ हिंदी समूह के भाषा सभ में रचल जाये वाली कबिता सभ के आधार बनल। ब्रजभाषा, अवधी नियर भाषा सभ में छंद के हिसाब से रचना भइल। खड़ी बोली हिंदी (जेकरा आजकाल्ह हिंदी भाषा के रूप में जानल जाला) आ भोजपुरी में छंद के हिसाब से कबिता के रचना भइल। हालाँकि, बिना छंद बिधान के भी कबिता के रचना कइल जा सके ला आ आजकाल्ह के समय में भी छंद वाली आ बेछंद दुनों किसिम के कबिता सभ के रचना कइल जा रहल बा।
दुसरे भाषा सभ से तुलना कइल जाय त संस्कृत के ई छंद बिधान यूरोपीय कॉन्सेप्ट मीटर से मिलत जुलत बा आ लगभग समकक्ष मानल जा सके ला; उर्दू में बह्र के कॉन्सेप्ट छंद के नियर हवे आ औरीयो भाषा सभ के कबिता में वर्ण आ मात्र के हिसाब से लय के बेवस्था मौजूद बाटे।
छंदन के अध्ययन आ वर्गीकरण नियर चीजन के अध्ययन के अब छंदशास्त्र भा छंदबिज्ञान कहल जाला; अंग्रेजी में अइसन बिधान के अध्ययन प्रोसोडी (prosody) कहाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]| ई कबिताई-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |