चंद्रमा पर पानी

विकिपीडिया से
These images show a very young lunar crater on the far side, as imaged by the Moon Mineralogy Mapper aboard Chandrayaan-1

चंद्रमा पर पानी भा चंद्रमा के पानी, जेकरा लूनर वाटर (अंग्रेजी: lunar water) कहल जाला, चंद्रमा पर मौजूद पानी हवे। एहिजे चंद्रमा के सुरुज के अँजोर में रहे वाला सतह पर पानी के डिफ्यूज मॉलिक्यूल रह सके लें, जइसन कि नासा के सोफिया ऑब्जरवेटरी द्वारा 2020 में खोज कइल गइल। बाद में धीरे-धीरे ई भाप नुमा पानी सुरुज के घाम से टूट जाला आ हाइड्रोजनऑक्सीजन के रूप ले के बाहरी अंतरिक्ष में बिला जाला। बैज्ञानिक लोगन के चंद्रमा के ध्रुव वाला इलाका में परमानेंट अन्हार वाला क्रेटर सभ में बरफ के रूप में जमल पानी के सबूत मिलल बाड़ें। चंद्रमा के बहुते पातर वायुमंडल में पानी के कण होखे के सबूत मिल चुकल बा।

सितंबर 2009 में, भारतीय मिशन चंद्रयान 1 पर मौज़ूद मून मिनरोलॉजी मैपर चंद्रमा पर पानी के मौजूदगी से होखे वाला एब्जार्पशन रिकार्ड कइलस।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]