ग्लेशियर बिज्ञान

विकिपीडिया से
Lateral ग्लेशियर के एगो छबि
ग्लेशियर बिज्ञानी इरिन पेत्तित अंटार्कटिका मे, 2016

हिमानी बिज्ञान, हिमनद बिज्ञान या ग्लेशियोलॉजी (Glaciology) ग्लेशियर सभ के बैज्ञानिक अध्ययन करे वाला बिसय हवे। ई पृथ्वी बिज्ञान में आवे ला आ भूगोल, भूआकृतिबिज्ञान, जलवायु बिज्ञान, मौसम बिज्ञान आ इकोलॉजी नियर कई बिज्ञान सभ के बिधि के एकट्ठा रूप हवे, जिनहन के इस्तमाल पृथ्वी के बर्फ भंडार के पढ़ाई आ एह से सम्बंधित रिसर्च में होला।