खिड़की

विकिपीडिया से
खिड़की
एगो खिड़की
windows in a wall
प्राग के एगो कासल (किला) में एकही देवाल में कई किसिम के खिड़की

खिड़की भा खिरिकी कौनों मकान भा बिल्डिंग में रोशनी आ हवा के आवाजाही खाती बनावल छेद हवे जे पर शीशा, दरवाजा या जाली भी हो सके ला। ई हवा निकले खाती देवाल के ऊपरी हिस्सा में बनावल गइल छोटहन मोखा भा रोशनदान से बड़हन आकार के होले आ आमतौर पर देवाल में आदमी के ऊँचाई के बराबरी पर होले। हालाँकि, भूगोलीय क्षेत्र, जलवायु आ संस्कृति के हिसाब से आ समै के दौर के हिसाब से खिड़की सभ के रूपरंग बनावट आ बनावे के सामान में भारी बिबिधता देखे के मिले ला; कहीं कहीं मकान के पूरा एगो देवलिए जालीदार खिड़की के रूप में हो सके ला।

भोजपुरी में, आमतौर पर पिछवाड़े के या छोट दरवाजा के भी खिड़की कहल जाला।[नोट 1]

नोट[संपादन करीं]

  1. "खिड़की" शब्द के छोट दरवाजा के खाती इस्तेमाल हिंदीके रचना सभ में मिले ला।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Md. Arif (2006). Upyatra. Radhakrishna Prakashan Pvt Ltd. pp. 133–. ISBN 978-81-8361-075-9.