खटिया

विकिपीडिया से
(खाट से अनुप्रेषित)
एगो दक्खिन भारतीय खटिया, तमिलनाडु में

खटिया चाहे चारपाई भारत आ आसपास के इलाका में इस्तेमाल होखे वाला एगो फर्नीचर हवे जे सुते, बइठे खातिर इस्तेमाल होला आ एह में चार पाया होलें जे चार ठो लमहर पाटी से जुड़ल होलें; इनहन के बीचा में कौनों किसिम के रसरी से बीनल गइल रहे ला।

ई एगो आसानी से बन जाए वाला आ सस्ता किसिम के फर्नीचर हवे जे भारतीय उपमहादीप में बहुत आम हवे। लगावल जाए वाला मटेरियल के हिसाब से एकरे महँग-ससत होखे में अंतर पड़ सके ला। रसरी के रूप में पटुआ-जूट के रसरी से ले पुअरा के गूर्ही से ले के नारियल के रसरी ले कई किसिम के चीज इस्तेमाल होखे ला।